Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, 21 फरवरी 2017, मंगल


यूपी के प्रतापगढ़ जिला के महेशपुर गांव से तीर्थयात्रियन के ले के झारखंड में देवघर जात एगो बस के टक्कर रोहतास जिला के शिवसागर इलाका में मंगल देर रात नेशनल हाईवे का किनारे खड़ा ट्रक से हो गइल. एह हादसा में तीन जने के मौत ठाँवे प हो गइल आ 13 गो अउर लोग घवाहिल हो गइले. एहमें पाँचगो मेहरारुओ बाड़ी सँ.

गाजीपुर कोतवाली पुलिस अपराध शाखा का साथे मिल के रौजा तिराहा से एगो 12 हजार रुपिया के इनामी बदमाश विजय कुमार यादव के गिरफ्तार क लिहलसि. ओकरा लगे से एगो तमंचा आ दू गो कारजूसे म्लल बा.

कुशीनगर के पटहेरवा इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में नदवाँ गाँव के 9 बरीस के एगो लईका के मौत हो गउवे. लइका स्कूल से छुट्टी भइला का बाद साइकिल से घेर आलत रहल जब एगो ट्रैक्टर-ट्राली वाला ओकरा के धक्का मार दिहलसि.

संतकबीरनगर जिला पुलिस खलीलाबाद कोतवाली इलाका के गोलाबाजार में सीताराम सर्राफ के दुकान परछापा मारे चहुँपल दू गो फर्जी आयकर अधिकारी समेत छह जने के गिरफ्तार क लिहलसि. एहीमें एगो खाकी वर्दी पहिरले मेहरारुओ रहल. एकनी के चाल ढाल से लोग के कुछ लोचा लागल त एहनी के घेर लीहल लोग आ पुलिस बोलवा लीहल.

मिर्जापुर के कछवां इलाका में अपना घर के सोझा के इनार में गिरला का बाद 65 बरीस के एगो बूढ़ के मौत हो गइल.

सारण जिलेा के भगवान बाजार इलाका के काशीबाजार मुहल्ला में रहे वाला डाक्टर मरद मेहरारू डा.के.एम.दुबे अउर डॉ किरण ओझा से रजिस्टर्ड चिट्ठी भेज के दस लाख रुपिया रंगदारी माँगल गइल बा. एह चिट्ठी का साथे पांच गो बदमाश आपन फोटउओ भेजला बाड़न स आ गरखा में रुपिया चहुँपावे के कहले बाड़न स. दूनू डाक्टर छपरा सदर अस्पताल में पदस्थापित बाड़ें.

मऊ के सरायलखनसी इलाका में कार अउर टैंकर के टक्कर में कार प सवार परदाहा के एगो आदमि का मौत हो गइल आ दू जने अउर घवाहिल हो गइलें. ई लोग तिलक समारोह में शामिल भइला का बाद लवटत रहल जब मोहम्मदाबाद मे सामने से आवत नगर पालिका टैंकर से टक्कर हो गइल,

बलिया जिले के उभांव में भइल सड़क हादसा में एगो बूढ़ मेहरारु के मौत हो गइल आ ओकर अधबूढ़ भतीजा घवाहिल हो गइल. मऊ जिला के बेलौझा गांव के साठ बरीस उमिर के रामचंद्र पाण्डेय अपना अस्सी बरीस के फुआ के मोटरसाइकिल से ओकरा गाँवे कुण्डैल चहुँपावे जात रहलन जब अखोप चट्टी का नियरा सोझा से आवत एगा गाड़ी उनुका मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि.

Tags: , , , , , ,

More Stories From टटका खबर

%d bloggers like this: