Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

विज्ञापन

Get a self hosted professional website ONLY for 100 Rs. per month*.
Offer ONLY for 60 customers. 100% cash back to 100% customers.*
* T&C apply. NO MLM. Contact editor@anjoria.com for details.

RSS Feed

टटका खबर, 28 फरवरी 2017, मंगल



भारत रत्न आ आजाद हिन्दुस्तान के पहिलका राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्र प्रसाद के 54वीं पुण्यतिथि के अवसर पर आजु उनुका के सरधा से याद कइल गइल आ देश में कई जगहा कार्यक्रम में उनुका के श्रद्धांजलि दीहल गइल. पटना के बांसघाट प राजकीय समारोह में बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद आ मुख्यमंत्री समेत अनेके खासमखास लोग शामिल भइल. राजेन्दर बाबू के जनमस्थली जीरोदेई में श्रद्धांजलि सभा के आयोजन भइल.

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु विधानसभा में पेपर लीक मामिला के सीबीआई से जाँच करावे के मांग माने से मना क दिहलन. कहलन कि एह मामिला के जाँच स्पेषल टास्क फोर्स बढ़िया से करत बिया. जबकि विपक्ष आ बिहार के आईएएस पदाधिकारी चाहत बाड़ें कि जाँच सीबीआई से करावल जाव. एह मुद्दा प तकरार का चलते आजु विधानमंडल के दूनू सदन के कार्यवाही में बाधा पड़ल.

बिहार में पंचायतन में खाली हो गइल 2600 जगहन के भरे खातिर उपचुनाव आजु मंगल करावल गइल. एह में मुखिया के 8 गो, सरपंच के 7 गो, पंचायत समिति सदस्य के 13 गो आ जिला परिषद के एगो सीट शामिल बा. बाकी सीट वार्ड मेंबर, पंच वगैरह के सीट शामिल बा. वोटिंग शान्ति से हो गइल आ 56 फीसदी वोटर आपन वोट डललन. गिनिती 2 मार्च के करावल जाई.

काल्हु बुध का दिन से बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा शुरु होखे जात बा जवना के ठीक से करावे ला सगरी तइयारी क लीहल गइल बा. करीब 18 लाख विद्यार्थी एह इम्तिहान में शामिल होखे वाला बाड़ें.

पूर्वोत्तर रेलवे ने गोरखपुर-गोण्डा अउर गोरखपुर-कटरा-रामघाट हाल्ट रेल खण्ड प जांच अभियान चलाके बिना टिकट ट्रेन में सफर करत 189 लोगन के पकड़लसि आ ओह लोग से बतौर जुरमाना अस्सी हजार रुपिया वसूललसि.

बलिया के नरही इलाका के लड्डूपुर गाँव के एगो बूढ़ अतवार का रात खाना खइला का बाद सूते ला डेरा खातिर निकललन. बाकि उनुकर लाश सबेरे एगो आम के पेड़ प में लटकत मिलल. खुदकुशी भा खून के एह मामिला के कारण पता नइखे चलल.

बलिया के गड़वार इलाका बिजली के तार काटे वाला दू गो चोर बिजली के खम्भा गिरला से दबा गइलें आ एगो चोर के मौत ठाँवे प हो गइल जबकि दोसरका के खराब हालत में अस्पताल जहुँपावल गइल जहाँ ओकरो मौत हो गइल.

बिहार में शराब बंदी लागू बा. आजु सबेरे सारण जिला पुलिस बनियापुर इलाका के नउवां गाँव से एक ट्रक विदेशी शराब जब्त कइलसि आ एह धंधा में लागल तीन गो तस्करन के गिरफ्तार क लिहलसि.

उत्तर प्रदेश के विधानसभा चुनाव के छठवां आ आखिरी सतवाँ चरण के चुनाव ला प्रचार के काम धुँआधार जारी बा. छठवां दौर के वोटिंग 4 मार्च का दिने महराजगंज, कुशीनगर, गोरखपुर, देवरिया, आजमगढ़, मऊ आ बलिया में होखे बाला बा जबकि 8 मार्च का दिने गाजीपुर, वाराणसी, चन्दौली, मिर्जापुर, भदोही, सोनभद्र, आ जौनपुर में होखे वाला बा.

Tags: , , , , , , , , , , , , , , , , , , , ,

Leave a Reply

About Reporter

%d bloggers like this: