Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

विज्ञापन

Get a self hosted professional website ONLY for 100 Rs. per month*.
Offer ONLY for 60 customers. 100% cash back to 100% customers.*
* T&C apply. NO MLM. Contact editor@anjoria.com for details.

RSS Feed

टटका खबर, 1 मार्च 2017, बुध



अपना दुधारी बैलिस्टिक मिसाइल प्रणाली के शानदार प्रदर्शन करत भारत आजु अपना बैलिस्टिक काट के सफल परीक्षण क देखवलसि. सबेरे 10 बजे ओडिशा के बालासोर में चान्दीपुर रेंज से छोड़ल पृथ्वी मिसाइल के राडार प संकेत मिलला का पन्द्रह मिनट बाद ओडिशे के अब्दुल कलाम द्वीप से इन्टरसेप्टर मिसाइल छोड़ल गइल जवन आपन अचूक निशाना देखावत पृथ्वी मिसाइल के आसमाने में बरबाद क दिहलसि. ई परीक्षण शानदार रुप में सफल साबित भइल. दुनिया में एह तरह के काट मिसाइल बनावे वाला चउथका देश हो गइल भारत. अबहीं ले अमेरिका, रुस, आ इजरायले के लगे एह तरह के प्रणाली रहल ह.

बलिया जिला के बैरिया इलाका में नेशनल हाइवे 31 का किनारे सुघर छपरा गांव में पलानी डाल के रहत मजदूरी अपना मेहरारू आ तीन गो बचवन के घरे छोड़ के काम प निकलल रहुवे. एही बीच मेहरारू एगो बेमार बच्चा के इलाज करावे बैरिया निकल गइल. एने पलानी में कवने कारण से आग लाग गइल आ ओही में घेरा के एगो बच्चा के दर्दनाक मौत हो गइल.

सोनभद्र जिला के चोपन इलाका में सलईबनवा आ गुरूमुरा टीसनन के बीच रेल लाइन के किनारे एगो बूढ़ औरत के लाश पड़ल मिलल. ओकर पहचान नइखे मालूम होखत कि के रहल, कहँवा के रहल.

सिद्धार्थ नगर के पथरा इलाका में शहरी बुजुर्ग गांव के आगो परिवार के तीन बेकत काल्हु दुपहरिया के खाना खइला का बाद बेहोश हो गइल आ मुँह से झाग निकले लागल. तीने के बेवा सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र ले जाइल गइल. एगो औरत के मौत राहे में हो गइल जबकि दू गो के मौत स्वास्थ्य केन्द्र प हो गइल.

सारण जिला के बनियापुर इलाका में कामता पंचायत के सरपंच राजेश कुमार के उनुकरे रिश्तेदार जमीन लेके भइल मारपीट में छूरा भोंक के घवाहिल क दिहलें.

सारणे जिला के एकमा इलाका में एकमा-सहाजितपुर सड़क प रामनगर गांव का नियरा तीन गो मौटरसाइकिल सवार एह ला नाराज हो गइले सँ कि पिकअप राह काहे नइखे देत. बाद में ओकरा आगा निकलला प पिकअप रोक के ओकरा ड्राइवर के जम के पिटाई कइलन स आ बाद में गोली मार के ओकर जान ले लिहलन स. ड्राइवर के पहचान पता नइखे चलल.

काल्हु मंगल का रात चंदौली जिला के चकियानगर इलाका के दुर्गानगर के एगो घर में अचके में विस्फोट हो गइल. एह धमाका में सऊदी अरब में काम करे गइल भीषमपुर के एगो औरत के ठाँवे प मौत हो गइल आ ओकर सात बरीस के बेटी बहुते घवाहिल हो गइल.

Tags: , , , ,

Leave a Reply

About Reporter

%d bloggers like this: