Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, 3 मार्च 2017, शुक



उन्नाव से भाजपा सांसद साक्षी महाराज के काल्हु रात मोबाइल फोन प जान से मार डाले के धमकी दीहल गइल. फोन करे वाला के नम्बर पुलिस के बता दीहल गइल बा. जाने जोग बा कि सात्री महाराज कट्टर हिन्दू सोच राखे वाला नेता हउवन,

पश्चिम चंपारण जिला के बेतिया नगर में रमना मैदान में आजु सबेरा एगो आदमी के लाश मिलल बा. लाश के पहचान नइखे भइल.

बिहार के जलील मस्तान मंत्री के बरखास्तगी प अड़ल विपक्ष का चलते विधानमंडल के कार्यवाही ना चल सकल. सवाल काल आ शून्यकाल में कवनो काम ना भइल. भाजपा नेता सुशील मोदी के कहना बा कि मुख्यमंत्री कहेलें कि ऊ केहु के ना त बचावेलें ना फँसावेलें, त उहे बता देसु कि जलील मस्तान, मेवालाल चौधरी, ब्रजेश पाण्डेय, आ निखिल के बचावे में के लागल बा.

सोनभद्र जिला के महुली कस्बा के टहरिया खोली गाँव में एगो औरल के लाश ओकरा घर का नियरे जरत मिलल. गाँव के लोग पुलिस के खबर कइल त पुलिस आ के लाश कब्जा में लिहलसि आ पेस्टमार्टम ला भेज गिहलसि. औरत के नइहर के आरोप बा कि ससुरारी वाला ओकर जान लिहले बाड़ें.

स्कूलन में दुपहरिया में मिले वाला फोकटिया खाना खाति अब आधार कार्ड होखल जरुरी बना दिहलसि केन्द्र सरकार. खाना बनावे वाला रसोईयनो के आधार कार्ड होखल जरुरी रही. अगर जून ले कार्ड नइखे बनत त कम से कम पंजीकरण करा लीहल जरुरी होखी.

कैमूर जिला में चोरी के दू गो कार आ एगो मोटरसाइकिल का साथे तीन गो चोरन के गिरफ्तार कइले बिया कैमूर पुलिस.

पेपर लीक मामिला में गिरफ्तार आईएएस अधिकारी सुधीर कुमार के निलम्बित क दीहल गइल बा.

Tags: , , , , ,

%d bloggers like this: