Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

विज्ञापन

Get a self hosted professional website ONLY for 100 Rs. per month*.
Offer ONLY for 60 customers. 100% cash back to 100% customers.*
* T&C apply. NO MLM. Contact editor@anjoria.com for details.

RSS Feed

टटका खबर, 4 मार्च 2017, शनिचर


(राति 11-30 बजे के अपडेट)

(बाँया तरफ मोदी के रोड शो, दायाँ तरफ अखिलेश के)

वाराणसी में आज सबेरे पीएम मोदी आपन रोड शो कइलन आ ओकरा थाड़ही देर बाद अखिलेश-राहुल-डिम्पल के रोड शो निकलल. दूनू शो में गजब के भीड़ देखे के मिलल. पीएम मोदी बाबा विश्वनाथ के दरबार में हाजिरी लगवलन त अखिलेश आ राहुलो बाबा के पूजा करे चहुँप गइलें. अलग बात बा कि पूजा के वीडियो वायरल हो गइल काहे कि अखिलेश नमाज का स्टाइल में बइठल रहलन, जबकि पूजा पालथा मार के कइल जाला. अखिलेश राहुल के रोड शो जब चौका घाट प चहुंपल त कहीं से पथराव हो गइल जवना का बाद कुछ देर ला भगदड़ के माहौल बनि गइल बाकि पुलिस तुरते काबू पा लिहलसि आ कवनो बड़हन नुकसान ना हो पावल. एह दूनू गोल के रोड शो प बसपा सुप्रीमो मायावती के कहना रहल कि भीड़ भाड़ा वाला रहुवे आ एहमें बनारस के लोग ना रहल.

यूपी विधानसभा चुनाव के छठवाँ दौर का वोटिंग में आजु सात जिलन के उनचास गो निर्वाचन क्षेत्रन में 57 फीसदी से बेसी वोटिंग के खबर बा. पिछला बेर 2012 में 55 फीसदी वोट पड़ल रहुवे. मणिपुर में आजु पहिला दौर के वोटिंग में 84 फीसदी वोट पड़े के खबर बा.

चूंकि दू गो विधानसभा सीट के वोटिंग 9 मार्च के होखे जा रहल बा त चुनाव आयोग आजु आदेश जारी क के 9 मार्च के साँझ साढ़े पाँच बजे ले एकंजिट पोल जारी करे प रोक लगा दिहलसि.

सारण जिला के सोनपुर इलाका के परवेजाबाद गांव में सड़क हादसा में एगो बच्चा के घवाहिल हो गइल बाकिर ओकरा मौत के गलत खबर फइलला का बाद खिसियाइल लोग थाना प हमला क दीहल जवना में प्रभारी समेत चार गो सिपाही घवाहिल हो गइलें. हादसा वाला ट्रक के पुलिस जब्त क लिहले बिया.

पूर्वी चंपारण जिला के बंजरिया थाना क्षेत्र में एगो निजी स्कूल के शिक्षक के छूरा घोंप के जान ले लीहल गइल. हत्या के कारण पता नइखे चलल.

गोरखपुर में चुनाव ड्यूटी पर जात घरी एगो कर्मचारी के हार्ट अटैक से मौत हो गइल. मरे वाला पशुपालन विभाग में फार्मासिस्ट रहलन.

बलिया जिला के रसड़ा इलाका में बसपा बसपा नेता भूपेन्द्र सिंह का गाड़ी प भाजपा कार्यकर्ता हमला बोल दिहले आ ऊ भाग के थाना में जा के एह बात के जानकारी दिहलन.

आस्ट्रेलिया के आफ स्पिनर नाथन लियोन के शानदार गेंदबाजी का चलते भारत के पहिलका पारी 189 रन बनत बनत भस गइल. एहमें नाथन लियोन 50 रन प आठ विकेट ले लिहलन.

(सबेरे दीहल खबर)

यूपी चुनाव के छठवाँ दौर के वोटिंग आजु चालू बा. पहिला तीन घंटा में 16 फीसदी वोट पड़ चुकल बा.
एही बीच आजु वाराणसी में रोड शो के मुकाबला होखे जा रहल बा. पहिलका रोड शो पीएम मोदी के बा जवन बनारस हिन्दु विश्वविद्यालय के गेट से शुरु हो के काशी विश्वनाश मंगिर आ काल भैरव मंदिर में पूजा अर्चना करत खतम होखे वाला बा. एकरा बात मोदी जौनपुर में सभा क के साँझ बेरा फेरु बनारस लवटिहें आ शहर के मैदागिन इलाका में चुनावी सभा करीहें.
आजुवे अखिलेशो यादव राहुल आ डिम्पल का साथे वाराणसी में रोड शो करे वाला बाड़न.

Tags: , , , , , , , , ,

Leave a Reply

About Reporter

%d bloggers like this: