Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

जरूरत बा वालंटियर्स के

भोजपुरी के आनलाइन अखबार टटका खबर के जरूरत बा स्मार्ट फोन राखे वाला वालंटियर्स के जे रोज अपना इलाका के खबर भोजपुरी में दे सको. एह काम में लागेवाला लोगन के कवनो तरह के भुगतान कइल सम्भव नइखे बाकिर मान सम्मान बनावे-बढ़ावे के भरपूर कोशिश रही. इच्छुक लोग अबहियें tatkakhabar@gmail.com प सम्पर्क करो.

RSS Feed

टटका खबर, 5 मार्च 2017, अतवार



राष्ट्रीय पुरस्कार से सम्मानित भोजपुरी फिल्म कब होई गवनवा हमार के निर्देशक आनंद डी गहतराज के कहना बा कि उनुका नयकी भोजपुरी फिलिम शहंशाह के नायक ला रविकिशन छोड़ दोसर केहू होइए ना सकत रहे. किरदार उनुके के धेयान में राखत बनावल गइल रहे. शहंशाह अब जल्दिए रिलीज होखे वाला बा.

आज मोदी के रोड शो फेरु बनारस में निकलल जवना में कल्हुओ से बेसी हूजूम जुटल। ओने जौनपुर में मुलायम सिंह अपना भाषण में मोदी के हकीकत से अंजान बतवलन। कहलन कि ऊ हमरा के जानत नइखन।

मिर्जापुर जिला के मड़िहान इलाका के भदावल गांव के तीन गो नवही एके मोटर साइकिल से जात रहले जब सेमरी गभव का लगे मोटरसाइकिल बेकाबू होके गड़ही में जा गिरल। एह हादसा में दू गो नवहियन के मौत हो गइल।

देवरिया के गौरीबाजार इलाका के रामपुर चौराहा प दू गो रोजनीतिक गोलन के बीच भइल मारपीट के वीडियो बनावल एगो पत्रकार ला महँग पड़ गइल. ओकर शिकायत बा कि भाजपा विधायक जनमेजय सिंह के बेटा एही कइला प ओकरा से मीरपीट करे लगलन आ ओकर कैमरो छीन लिहलन.

सोनभद्र जिला के बीजपुर इलाका में नेमना गाँव का नियरा एगो मिनी ट्रक पलट गइल आ ओहपर सवार बरात के डेढ दर्जल लोग घवाहिल हो गइल. बरात मध्य प्रदेश के देवगांव से बभनी इलाका के चोना बेना जात रहुवे.

पश्चिम चंपारण जिला के गौनाहा इलाका में चमौली गांव के नियरा बाल्मीकि व्याघ्र परियोजना के पीरारी जंगल से एगो तेंदुए के लाश मिलल बा.

भोजपुर जिला में काल्हु राति शराब के नशा कइला का चलते गिरफ्तार एगो रात मिस्त्री के हिरासत में मौत हो गइल. ई खबर सुन के खिसियाइल लोग आजु बड़हरा थाना अउर प्रखंड कार्यालय में जमके बवाल मचवले आ तोड़फोड़ कइले. एगो पुलिस जीप में आगो लगा दीहल ई लोग. लोग के कहना बा कि गिरफ्तार मिस्त्री के मौत पुलिस के पिटाई से भइल बा.

जौनपुर के सिगरामऊ बाजार में सुल्तानपुर से आवत जौनपुर रोडवेज डिपो के बस के टक्कर एगो ट्रक से हो गइल. एह हादसा में दू आदमी के मौत ठाँवे प हो गइल आ एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.

Tags: , , , , , , ,

Leave a Reply

About Reporter

%d bloggers like this: