web analytics

टटका खबर, 8 मार्च 2017, बुध


यूपी विधानसभा चुनाव के सतवां आ आखिरी दौर के चुनावो शान्ति का साथे पूरा हो गइल. पिछलका दौरन का मुकाबले एह दौर में सबले बेसी वोटिंग भइल. कुल्ह मिला के साठ फीसदी वोटर अपना वोटिंग अधिकार के इस्तेमाल कइले. पाँचो राज्यन के चुनाव पूरा होखे में यूपी के अलापुर आ उत्तराखंड के कर्णप्रयाग सीत प काल्हु बियफे का दिन वोट डालल जाई. अलापुर सीट प सपा उमीदवार आ कर्णप्रयाग सीट प बसपा उमीदवार के मौत हो गइला का चलते एह दूनू सीट प दुबारा परचा दाखिला करावल गइल रहे. अब एह जूनू सीटन प होखत वोटिंग का चलते आजु एक्जिट पोल देखावे सुनावे प चुनाव आयोग रोक लगा दिहले बावे. अब बियफे का साँझ साढ़े पाँच बजे का बाद एक्जित पोल के प्रसारण शुरु होखी.

मतदान का दौरान जौनपुर में शाहगंज विधानसभा के पक्खनपुर में हार्ट अटैक पड़ला से एगो मतदानकर्मी के मौत हो गइल. मरे वाला मड़ियाहूं तहसील के भोड़ा गाँव के रहले आ श्री सहदेव इण्टर कालेज भोड़ा में चतुर्थ श्रेणी कर्मचारी रहलन.

पश्चिम चंपारण जिला के गोपालपुर इलाका में जमीन ले के भइल झगड़ा में कदमवा गांव के एक आदमी के कदमवा घाट का नियरा गोली मार के जान ले लीहल गइल. ऊ ओह बेरा मझौलिया इलाका के सरिसवा बाजार से लवटत रहलन.

सिद्धार्थनगर के बांसी क्षेत्र में एगो बस के चपेटा में आ के मोटरसाइकिल सवार दू गो नवहियन के मौत ठाँवे प हो गइल. दूनू जमुनी गांव के रहले आ बांसी का नियरा ई हादसा हो गइल.

सारण जिला के बनियापुर इलाका के पुछरी बाजार के एगो गहना दुकान से असलहा देखा के दू लाख से बेसी के गहना लूट लीहले बदमाश. तीन गो मोटरसाइकिल से ई आठ गो बदमाश आइल रहले सँ.

आजमगढ़-वाराणसी मेन रोड प मंगल देर राति रानी की सराय इलाका के बेलइसा मण्डी का नियरा एगो ट्रक मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि आ ओह प सवार जू गो नवहियन के ठाँवे प मौत हो गइल,

 115 total views,  1 views today

%d bloggers like this: