Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, 15 मार्च 2017, बुध



बसपा अपना सीनियर नेता लालजी वर्मा के विधानसभा में अपना गोल के नयका नेता बहात क दिहलसि. ओने सपा में अबहीं ले नेता नइखन चुनाइल. हद त ई बा कि गोवा आ मणिपुर में दुसरका जगहा आइल भाजपा आनन फानन में आपन नेतो चुन लिहलसि आ सरकारो बना लिहलसि जबकि शानदार बहुमत मिलल यूपी आ उत्तराखंड में अबहीं ले तय नइखे क सकल कि मुख्यमंत्री केकरा के बनावो.

देश के पांच गो राज्यन में भइल चुनाव के रीजल्ट मिलला का बाद सभकर नजर बिहार विधानपरिषद के रीजल्ट प लागल बा. चार गो सीट ला भइल एह चुनाव के वोट के गिनिती काल्हु से शुरु बा. तीन गो के रीजल्ट मिल चुकल बा आ चउथका के गिनिती जारी बा. एह तीन गो में जदयू के एक सीट आ राजग के दू गो सीट प जीत भइल बा. कोसी शिक्षक सीट से जदयू के डॉ संजीव कुमार सिंह लगातार तीसरी बेर जीत हासिल कइले बाड़न. गया शिक्षक सीट पर एलडीए में शामिल रालोसपा के संजीव श्याम सिंह लगातार दूसरका बेर जीतल बाड़न. गया स्नातक सीट से भाजपा प्रत्याशी आ विधान परिषद के सभापति अवधेश नारायण सिंह जीतल बाड़न. सारण स्नातक सीट के गिनिती अबहीं जारी बा.

जौनपुर जिला के जफराबाद इलाका में जमीन खातिर भइल मारपीट में एगो बूढ़ के मौत हो गइल आ तीन जने घाहिल हो गइलन.

चन्दौली के नौगढ़ इलाका के अमदहां गाँव के एगो आदमी सोनभद्र जिला के पटनवां गांव में रिश्तेदारी से लवटत घरी नौगढ़-सोनभद्र सड़क प हादसा के शिकार हो गइलन. उनुका कार के अगिला चक्का के टायर फटला से बेकाबू हो गइलकार सड़क किनारे गाछ से जा टकराइल. कार प सवार सगरी लोग घाहिल हो गइल, इलात खातिर अस्पताल जाए का राह में एक आदमी के मौत हो गइल.

बलिया के फेफना इलाका के मिड्ढा गांव में चुनावी रंजिश का चलते दू गो गुट में मारपीट हो गइल. एगो घरो फूंका गइल आ एगो गाड़ी के कूंच दीहल लोग. दूनू तरफ से केस लिखावल गइल बा. एह मारपीट में दू दर्जन से बेसी लोग घाहिल भइल बा.

आज़मगढ़ के मेहनगर इलाका के मानपुर गांव के एगो असफल आशिक गाँव का पोखरा किनारे एगो गाछ प फांसी लगा क् जान दे दिहलसि.

वाराणसी के मिर्जामुराद इलाका के भिखारीपुर गाँव के एगो मेहरारु अपना घर में फाँसी लगा लिहलसि. दू बरीस पहिले ओकर मरद आ देवर के मौत एगो सड़क हादसा में हो गइल रहुवे आ तबे से ऊ अवसाद में रहुवे.

देवरिया शहर के पुरवां चौराहा लगे आफिस खोल के एगो कंपनी विदेश में नौकरी द्आवे के लालच देखा के सौ से अधिका नवहियन से करीब एक करोड़ रुपिया ठग लिहलसि, अब एह ठगी के शिकार लोग धरना प्रदर्शन करे में लागल बा. वीजा आ मेडिकल करावे का नाम प सभ जाना से साढ़े चँउसठ चँउसठ हजार रुपिया लीहल गइल रहुवे.

बलिया जिला के रसड़ा इलाका में एगो कार रेलवे क्रासिंग के बंद फाटक तूड़त उत्सर्ग एक्सप्रेस से जा टकराइल. एह हादसा में कार सवार चार जने गम्भीराहे घवाहिल हो गइलन.

Tags: , , , , , , , , , ,

%d bloggers like this: