दिन धरा गइल बा. शामियाना तनात बा. घराती बराती आपन आपन कपड़ा सइहारे में लागल बाड़ें. बस इहे नइखे मालूम कि दुलहा के रही. यूपी विधानसभा चुनाव में मिलल बड़हन जीत का बावजूद आ कि एही चलते भाजपा अबहीं ले आपन नेता नइखे चुन सकल. हमेशा का तरह मीडिया आपन कयास लगावे से चूकत नइखे बाकिर सही कहल जाव त केहु के कवनो इशारा नइखे कि केकरा के नेता चुनल जाई. हँ अब ई तय हो गइल बा कि भाजपा विधायक गोल के बइठक काल्हु शनिचर का दिने लखनऊ में होखे जात बा. एह बइठक में भाजपा के केन्द्रीय पर्यवेक्षक वेंकैया नायडू आ भूपेन्द्र यादव, प्रदेश प्रभारी ओम माथुर, प्रदेश अध्यक्ष केशव प्रसाद मौर्या आ अउरियो लोग एह बइठक में मौजूद रही. नेता जे चुनाव किरिया धराई के संस्कार 19 मार्च अतवार का साँझ साढे चार बजे करावल जाई. किरिया धराई समारोह के तइयारी शुरू हो गइल बा.
ओने उत्तराखंड में भाजपा विधायक गोल के नेता चुनाइल त्रिवेंद्र सिंह रावत अपना विधायकन का साथे साँझ बेरा राजभवन चहुंपले आ सरकार बनावे के दावा पेश कइलन. राज्यपाल के के पॉल उनुकर दावा सकारत उनुका के मुख्यमंत्री नियुक्त क के सरकार बनावे आ किरिया धराई संस्कार खाति नेवत दिहलें. किरिया धराई समारोह काल्हु करावल जाई.
पश्चिम चंपारण जिला के मानपुर इलाका के बैरिया गांव से छापामारी क के राइफल समेत अनेके असलहा बरामद कइलसि सीमा सुरक्षा बल. एह बीच घर के मालिक सुरेश आ शत्रुघ्न यादव फरार हो गइलें.
वाराणसी के भेलूपुर इलाका से एगो चोर गिरोह के चार गो चोरन के पुलिस ध लिहलसि. एगो फुलवरियां के, दोसरका चेतगंज इलाका के चितईपुर के, आ बाकी जूनू मिर्जापुर जिला के अदलहाट के हउवें स.
केरल में संघ समर्कन प लगातार होधत जानलेवा हमलन का खिलाफ आजु देवरिया में लोकतंत्र बचाओ मंच का तरफ से प्रदर्शन कइल गइल. जान जाईं कि जबसे पर साल ओहिजा बँवारा गोल माकपा के सरकार बनल बा तबे से हिन्दुत्व समर्थकन प लगातार हमला हो रहल बा.
गोरखपुर-नरकटियागंज सवारी गाड़ी अब बेतिया तक चलावल जाई. पूर्व मध्य रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी अरविंद कुमार रजक आजु एहा बाति के जानकारी देत कहलन कि 21 मार्च से गोरखपुर – नरकटियागंज सवारी गाड़ी बेतिया ले चलल करी. अपना पुरनका समय से नरकटियागंज चहुँपला का बाद मुसहरवा हाल्ट, साठी, रामेश्वर नगर हाल्ट, चनपटिया, कुमारबाग, आ प्रजापति हाल्ट पर रूकत बेतिया चहुँपल करी. आ फेरू एही रुट से वापस लवटल करी.
जौनपुर जिले के सुरेरी इलाका में एगो इन्टर छात्रा संगो रेप होखे के मामिला सामने आइल बा. ओकरो साथे गोँवे के एगो नवही असलहा का जोर प बलात्कार कइलसि. आरोपी फरार बा.
सोनभद्र जाला के बभनी इलाका के चौना गांव में एगो आदमी घर के बिजली तार जोडत में करेंट का संपर्क में आ गइल आ बहुले झँउस गइल. ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
पूर्वी चंपारण जिला के पहाड़पुर इलाका के पंडितपुर नोनिया टोली में बिजली के पोल गड़वावे के झगड़ा में दू गो गोल अपने में लड़ गइल आ एह मारपीट में एगो बूढ़ के मौत हो गइल.
यूपी से बिहार भेजल जात शराब के एगो खेप सिवान जिला के नौतन इलाका में पुलिस जब्त क लिहलसि आ साथही तीन गो तस्करन के गिरफ्तारो क लिहलसि, बंका मोड़ का नियरा एकनी के मोटरसाइकिल से शराब ले आवत में पुलिस गिरफ्तार क लेबे में सफल हो गइल.
पूर्वी चंपारण जिला के घोड़ासहन इलाका के कुंडवा चैनपुर के रहे वाला आ ढाका बाजार में रेडीमेड के दूकान चलावे वाला व्यवसायी से घोड़ासहन से ढाका का बीचे बस रोकवा के उनुका से 24 लाख के न्पाली रुपिया छीन लिहले सँ बदमाश.
जौनपुर के वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. पीयूष रंजन अग्रवाल के कार्यकाल तीन महीना ला अउरी बढ़ा दीहल गइल बा. ऊ 20 मार्च के रिटायर होखे वाला रहलन.
145 total views, 1 views today