Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

जरूरत बा वालंटियर्स के

भोजपुरी के आनलाइन अखबार टटका खबर के जरूरत बा स्मार्ट फोन राखे वाला वालंटियर्स के जे रोज अपना इलाका के खबर भोजपुरी में दे सको. एह काम में लागेवाला लोगन के कवनो तरह के भुगतान कइल सम्भव नइखे बाकिर मान सम्मान बनावे-बढ़ावे के भरपूर कोशिश रही. इच्छुक लोग अबहियें tatkakhabar@gmail.com प सम्पर्क करो.

RSS Feed

टटका खबर, 20 मार्च 2017, सोमार



आजु देश भर में गौरैया बचाओ दिवस मनावल गइल. पर्यावरण आ जीवन चक्र खातिर जरुरी चिरई गोरैया के कम होखत ई हाल हो गइल बा कि कई जगहा एकर दर्शन ले दूभर हो गइल बा.

पूर्वी चंपारण के पकड़ीदयाल एसडीपीओ के निलंबन के मांग करत बिहार के विपक्ष आजु विधानसभा में जम के बवाल कइलसि आ एसडीपीओ प अपराधियन से साँठगाँठ राखे के अछरंग लगवलसि. बाकि सरकार का तरफ से प्रभारी गृहमंत्री एह मांग के खारिज क दिहलन.

सारण जिला के भेल्दी बाजार में पंजाब नेशनल बैंक के शाखा से असलहा देखा के आजु दिनदहाड़े पाँच लाख रुपिया लूट ले गइलें आधा दर्जन बदमाश. लूट का बाद सगरी लूटेरा मौटरसाइकिल से भाग गइलें.

एसटीएफ आजु रोहतास जिला के दरिगाँव इलाका में कैमूर पहाड़ी से एगो इनामी नक्सली के गिरफ्तार क लीहल गइल बा. ओकरा प एक दर्जन से अधिका मुकदमा चलत बाड़ीं स आ प्रशासन ओकरा गिरफ्तारी करावे वाला के पचास हजार रुपिया के इनाम देबे के एलान क के रखले रहुवे. .

केन्द्रीय कैबिनेट से आजु जीएसटी से जुड़ल चार गो विधेयकन के मंजूरी दे दीहल गइल. एह विधेयकन के संसद के लोकसभा में धन विधेयक का तरह पेश कइल जाई जेहसे राज्यसभा में बरियार विपक्ष एकर राह मत रोक पावसु.

अखिलेश सरकार का समय बहाल सगरी सलाहकारन, अध्यक्षन, आ उपाध्यक्षन के सेवा तत्काल प्रभाव से आजु खतम क दिहल गइल.

गाजीपुर जिला के नंदगंज इलाका के ढढ़नी के एगो नवजवान के मौत सड़क हादसा में हो गइल जब वाराणसी जात घरी धरवां गांव का नियरा एगो गाड़ी से टक्कर हो गइल.

बलिया के बांसडीह इलाका के मेधामठ के एगोआदमी के मौत आजु बिजली करंट लगला से हो गइल. उनुका साथे उनुकर मेहरारुओ के करंट लागल रहे बाकि ऊ बच गइल बाड़ी.

जौनपुर के जलालपुर इलाका में ट्रक का धक्का से मोटरसाइकिल से जात दू गो नवहियन के मौत हो गइल. ई लोग गाजीपुर जिला के खानपुर इलाका के तुलसीपुर गांव के रहे आ मोटरसाइकिले से वाराणसी से जौनपुर आवत रहुवे.

देवरिया जिला के देवरिया शहर के सिविल लाइन इलाका में भइल सड़क हादसा में एगो स्कूली छात्रा के मौत बस से कचरा के हो गइल. ऊ साइकिल से मैट्रिक के इम्तिहान देबे जात रहल.

वाराणसी के शिवपुर इलाका में गिलट बाजार पुलिस चौकी का लगे बाइपास रोड प एगा बूढ़ के लाश मिलल बा. ओकरा बगल में कीटनाशक के एगो शीशीओ मिलल बा. पुलिस के लागत बा कि ऊ जहर खा के जान दिहले बा.

Tags: , , , , , , , , , ,

Leave a Reply

About Reporter

%d bloggers like this: