Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर – लगातार, 11 अप्रैल 2017, मंगल


भोजपुरी पट्टी

बलिया से जुड़ल परिवार के आ झारखंड के धनबाद में रहत उप महापौर रहल नीरज सिंह के हत्या से जुड़ल मामिला में आजु मंगल का दिने केस में नामजद अभियुक्त आ झरिया से भाजपा विधायक संजीव सिंह सरायढेला थाना में सरेंडर क दिहलन. एकरा बाद पुलिस उनुका के जेल भेज दिहलसि. संजीव सिंह आ नीरज सिंह चचेरा भाई रहलन. एह हत्याकांड में अबहीं ले चार जने के गिरफ्तारी हो चुकल बा.

भदोही जिला के गोपीगंज पुलिस आजु एगा इनामी अपराधी संतलाल के विश्वनाथ तिराहा से गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. संतलाल प कई कित्ता मुकदमा चलत बा. एगो हत्या के आरोप में ओकरा के पुलिस ढेर दिन से खोजत रहल.

सोनभद्र के राबर्ट्सगंज कोतवाली इलाका के खड़ेहरी गांव का एगो घर में बिजली के शार्ट सर्किट से आग लाग गइल. एही आग में गैस के सिलिन्जरो ब्लास्ट क गइल आ सब कुछ जर के राख हो गइल.

जौनपुर जिला के खुटहन इलाका के शाहपुर सानी गांव में आग लगला से नौ गो घर के सामान कपड़ा राख हो गइल. एगो परिवार के लइकी के शादी 13 तारीख के होखे वाला बा आ बिआह ला सहेजल सगरी सामान एह अगलगी में राख हो गइल.

सोनभद्र जिला के विंढमगंज इलाका के बुटबेढवा गाँव का नियरा टीसन के तेंदुपत्ता गोदाम के चौकीदार रूम में आग लगला से एगो औरत के मौत हो गइल.

देवरिया के सदर कोतवाली क्षेत्र के तुर्कपट्टी इलाका में कान में इयरफोन लगा के दिशा मैदान करे जात सोदिन्या बुजुर्ग गाँव के एगो नवही कसया ढाला का लगे ट्रेन से कटा गइल.

वाराणसी जं. के प्लेटफॉर्म नंबर पांच से गुजरत मालगाड़ी से एगो नवही कटा के मर गइल. ओकर पहचान नइखे भइल कि के रहे, कहाँ के रहुवे.

मिर्जापुर के मड़िहान इलाका में तहसील का लगे एगो औरत के लाश मिलला का बाद सनसनी पसर गइल बा. औरत देहात कोतवाली इलाका के भरुहना गाँव के बतावल जाल बिया. लागत बा कि जंगल से लकड़ी ले आवे गइल एह मेहरारु का साथे कुकर्म कइला का बाद हत्या क दीहल गइल बा.

मोतिहारी में काल्हु बंद पड़ल चीनी मिल खोलवावे आ बकाया भुगतान के मांग करत मजदूरन में से दू गो मजदूर अपना देह में आग लगा के जान देबे के कोशिश कइलन. बहुते झँउस गइल एह लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.


देश

गुजरात में पंचायती राज के चुनाव परिणाम निकलला का बाद भाजपा आ कांग्रेस दूनू जीत के दावा करत बाड़ें. ई चुनाव राजनीतिक गोलन का निशान प ना होखे. एहसे कांग्रेस के दावा बा कि ओकरा 70 फीसदी जगहा जीत मिलल बा. ओने भाजपा के दावा बा कि ओकरा 80 फीसदी प जीत मिलल बा.

हरियरी का तलाश में भटकत पूनम आजाद मंगल का दिने कांग्रेस गोल में शामिल हो गइली. ऊ भाजपा से निलंबित सांसद आ क्रिकेट खिलाड़ी रहल कीर्ति आजाद के मेहरारु हई आ कुछ दिन पहिले आआपा गोल में शामिल भइल रही. ओहिजा हरियरी ना भेंटाइल त अब कांग्रेस के अंगना में आ गइली.

तीन तलाक , बहु-विवाह, आ हलाला जइसन कुप्रथा खतम करे के मांग का खिलाफ ऑल इंडिया मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड के कहना बा कि ई कइल धार्मिक आजादी के हनन होखी.

गलत तरीका से सुनवाई क के एगो भारतीय नागरिक कुलभूषण जाधव के पाकिस्तान के एगो सैनिक अदालत फांसी के सजा सुनवले बिया. चूंकि कुलभूषण का खिलाफ पूरा सबूत ना रहल से पाकिस्तान एह मामिला के फौजी अदालत में सुनवाई करा के उनुका के फाँसी के सजा करवा दिहलसि. भारत सरकार एह बारे में पाकिस्मतान के चेतवले बिया कि पाकिस्तान अइसम अनेत मत करो.

देश भर में गोकशी प रोक लगावे के मांग का खिलाफ माकपा, कांग्रेस, आ तृणमूल के नेला आरएसएस के संघचालक मोहन भागवत के आलोचना कइले बाड़े. एह लोग के कहना बा कि भारत में एह तरह के कानून ना बनावल जा सके जवन सेकूलरिज्म का उल्टा होखे.

जम्मू-कश्मीर के हालात देखत अनंतनाग लोकसभा सीट ला 12 अप्रैल के होखे वाला उपचुनाव के टार दीहल गइल बा. अब मतदान 25 मई के करावे के एलान कइलसि चुनाव आयोग. एह सीट से कांग्रेस आ नेशनल कांफ्रेंस के साझा उम्मीदवार जी.ए. मीर के कहना बा कि अगर राज्य में राज्यपाल शासन लागू ना भइल त ऊ आपन उम्मीदवारी वापस ले लीहें. आप बीच अलगाववादियन के बोलावल बन्द आजु दुसरको दिने जारी बा.


दुनिया

तवांग में आपन उपदेश दिहला का बाद तिब्बती आध्यात्मिक गुरु दलाई लामा अपना कार्यक्रम आ दौरा के सुगम बनावे खातिर अरुणाचल प्रदेश सरकार आ खास क के मुख्यमंत्री पेमा खांडू के शुक्रिया अदा कइलन. जान जाईं कि दलाई लामा के अरुणाचल प्रदेश दौरा प चीन खासा विरोध कइले रहल.

अमेरिका के व्हाइट हाउस से काल्हु बयान जारी भइल बा कि अगर सीरिया रासायनिक हथियारन के इस्तेमाल कइल बन्द ना करी त अमेरिका ओकरा प अउर सैनिक कार्रवाई कर सकेला.


खेल

आईपीएल -10 के अठवां मैच में सोमार का दिने इन्दौर के होल्कर क्रिकेट स्टेडियम में भइल मैच में किंग्स इलेवन पंजाब ने सोमवार को रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर के आठ विकेट से हरा दिहलसि.

(आखिरी अपडेट)

Tags: , , , ,

%d bloggers like this: