Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, 13 अप्रैल 2017, बियफे



देश भर मे छितराइल 10 गो विधान सभा सीटन के उपचुनाव में भाजपा बाजी मार लिहलसि. 10 गो में से पाँच गो प ओकर अमीदवार जीतलन जबकी तीन गो प कांग्रेस के, एक जगहा से झामुमो के जीत मिलल बा. जबकि पश्चिम बंगाल के एक सीट तृणमूल के मिलल बा. दिल्ली विधानसभा के राजौरी गार्डन सीट पर आआपा के उमीदवार तीसरा जगहा अइलन. एहिजा भाजपा के जीत मिलल आ कांग्रेस दुसरका जगहा रहल. पिछलका चुनाव में एहिजा से जीतल विधायक उछल के पंजाब चल गइल रहलें बादल के हरावे. ओहिजो हरलें आ एहिजो के सीट हाथ से निकसि गइल. मध्य प्रदेश में कांग्रेस आ भाजपा आपन एक एक सीट प मौजूद रह गइलें.

अम्बेडकर जयंती का मौका प पीएम मोदी कालहु नागपुर के दौरा प रहब. ओहिजा भारतीय सूचना प्रौद्योगिकी अउर प्रबंधन संस्थान (आईआईआईटी), भारतीय प्रबंधन संस्थान (आईआईएम), अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) अउर कोराडी तापविद्युत परियोजना के उद्घाटन करीहें.

गाजीपुर के नंदगंज क्षेत्र में एक महिला ने फांसी लगाकर आत्महत्या कर ली। पुलिस सूत्रों ने आज यहां बताया कि नंदगंज इलाके के बहादुरपुर गांव निवासी रामधव यादव की पत्नी अनीता यादव(25) का कल रात परिवार

बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय में कइल गइल सैकड़न प्रोफेसर, सह प्रोफेसर, आ सहायक प्रोफेसरन के बहालियन प आजु इलाहाबाद हाई कोर्ट रोक लगा दिहलसि.

राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी 16वीं लोकसभा के 11वाँ सत्र के सत्रावसान क दीहलन. वइसे काल्हुए दूनू सदन के बेमियादी समय खाती स्थगत क दीहल गइल रहुवे, अब औपचारिको आदेश जारी हो गइल.

मुक्त विश्वविद्यालय इग्नू आजु अपना 30 वां दीक्षांत समारोह में देशभर के दू लाख अड़तीस हज़ार विद्यार्थियन के ग्री, डिप्लोमा अउर सर्टिफिकेट प्रदान कइलसि.

शैक्षणिक सत्र 2018-19 से उर्दूओ में राष्ट्रीय पात्रता सह प्रवेश परीक्षा – नीट – लीहल जाई. एह बाबत आजु सुप्रीम कोर्ट निर्देश जारी क दिहलसि.

इवीएम विवाद में आजु पंजाब के मुख्यमंत्री अमरिन्द्र सिंह आ मनीष तिवारी का बीच बतकटी हो गइल. अमरिंदर सिंह इवीएम प शक करे ला तइयार नइखन. काल्हु कांग्रेस के एगो बड़का नेता मोइलियो एकरा के सन्देह से परे बतवले रहलन.

राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव आजु अपना गोल के बोलतुअन के भाजपा आ मोदी प हमला तेज करे के गुर सिखवलन.

8 अप्रैल के सँझिया वाराणसी के चौक इलाका में एगो गहना व्यापारी किहां भइल करोड़ो रुपिया के गहना लूट के खुलासा करत चार गो डकैतन के गिरफ्तार क लिहलसि.

रोहतास जिला के शिवसागर इलाका के सखुआ गाँव में आजु पड़ल डकैती में एगो किराना व्यापारी से द लाख रुपिया लूट लीहल गइल.

जम्मू-कश्मीर के श्रीनगर लोकसभा सीट पर उपचुनाव खाति आजु बड़गाम जिला के 38 गो बूथन प भइल वोटिंग में महज दू फीसदी लोग वोट डाले आइल.

सोनभद्र जिला के मोरपुर इलाका में गड़िया गांव में भइल हादसा में इनार में गिरला का चलते एगो आदमी के मौत हो गइल,

यूपी सरकार राज्य में टेन्डर आ ठेकेदारी में चलत माफियाराज के खतम करे ला ई-टेण्डरिंग व्यवस्था के असरदार तरीका से लागू करे के निर्देश जारी क दिहलसि.

सोनभद्र जिला के बीजपुर इलाका के पिंडारी गाँव के मनहवा टोला में एगो आदमी गाँव का नियरा के जंगल में एगो पेड़ प काल्हु राति फाँसी लगा के जान दे दिहलसि.

बलिया के फेफना इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में आजमगढ़ जिला के तरवां इलाका के बरहेटा गांव के एगो कांस्टेबल के मौत हो गइल.

ट्रेन संख्या 15107/15108 छपरा-मथुरा त्रैसाप्ताहिक एक्सप्रेस के अब सुपरफास्ट बना दीहल गइल बा. पूर्वोत्तर रेलवे के बोलतुआ एकर जानकारी मीडिया के दीहलन. इहो कहलन कि दुर्ग-नौतनवा द्विसाप्ताहिक एक्सप्रेस अब भाया इलाहाबाद ना चलि के भाया छिवकी चलल करी. पहिले ई ट्रेन मगर्जापुर से इलाहाबाद होखत मानिकपुर जात रहल बाकि अब छिवकी होके चलल करी.

सोनभद्र जिला के करमा इलाका के जोगिनी गाँव के एगो बिआहल लइकी आजु फांसी लगा के जान दे दिहलसि. ओकर बिआह मटिहानी इलाका के मड़िहान मिर्ज़ापुर में भइल रहल.

गोरखपुर जिला के सिकरीगंज इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में बस्तियां गांव के एगो बूढ़ के मौत हो गइल. गोरखेपुर के गोला इलाका से एगो लइकी कै अपहरण क लीहल गइल बा.

Tags: , , , ,

About admin

%d bloggers like this: