दिल्ली नगर निकाय चुनाव के एक्जिट पोल में बतावल जात बा कि तीनों नगर निगमन प भाजपा फेरु काबिज होखे जात बिया. पिछला दस बरीस से एह निका.न प भाजपे के कब्जा रहल ह आ एंटी इनकंबेंसी के काट निकालत भाजपा कवनो पार्षद के दुबारा टिकट देबै कै गलती ना कइलसि. दोसरे दिल्ली सरकार चलावत आआपा जतना गलत कइलसि ओकर परिणाम हाल के उपचुनाव में देखे के मिल गइत जब राजौरी गार्डेन सीट से आआपा के धकेल के भाजपा अपना हाथे क लिहलसि. मानसिक तौर प हार मान चुकल आआपा ईवीएम के गड़बड़ी के बहाना बना के आपन झेंप मेटावे के कोशिश करे लागल.
आजु भइल चुनाव के एक्जिट पोल के परिणाम कुछ एह तरह से बा –
पिछला चुनाव में भाजपा के 138, कांग्रेस के 77 आ बीएसपी के 57 सीट मिलल रहुवे. ओह बेरा आआआपा के जनमो ना भइल रहल. बाद में एगो गाछ लगा के टिम्बर मर्चेंट बने के सपना देखत केजरीवाल भर देश में आपन वजूद देखे लगलन आ देश के पीएम बने के सपनो देखे लगलन. वाराणसी, पंजाब, गोवा में हार का बाद उनुकर उमीद अब दिल्ली नगर निकायन प टिकल रहुवे आ अब एहिजो से उनुकर विदाई हो गइल लउकत बा.
97 total views, 2 views today