सुप्रीम कोर्ट का आदेश बा कि यूपी मे हर साल 33 हजार पुलिसवालन के बहाली क के चार साल में सगरी खाली जगहाभर दीहल जाव,
राज्यपाल राम नाईक के आदेश से इलाहाबाद विश्वविद्यालय के भौतिक विज्ञान विभाग के प्रो0 राजा राम यादव के वीर बहादुर सिंह पूर्वाचंल विश्वविद्यालय जौनपुर के कुलपति नियुक्त कइल गइल बा. इनका साथही डीन स्टूडेन्ट वेलफेयर लखनऊ विश्वविद्यालय के प्रो0 अनिल कुमार शुक्ला महात्मा ज्योतिबा फुले रूहेलखण्ड विश्वविद्यालय बरेली के आ ए0पी0जे0 अब्दुल कलाम प्राविधिक विश्वविद्यालय लखनऊ के प्रो0 विजय कृष्ण सिंह दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति नियुक्त कइल गइल बाड़ें.
जौनपुर जिला के खेतासराय इलाका में गुरैनी बाजार में कैम्प लगा के बिजली के बकाया वसूलकरे वाली टीम जब साँझ बेरा सरकारी कार से वापस लवटत रहल त बीच राह में मोटरसाइकिल सवार तीन गो बदमाश कार रोकवा के रूपया वाला बैग ले के भाग गइलें, बैग में करीब छह लाख रुपया होखे के बात कहल जात बा.
मऊ के मधुबन इलाका में चक्कबोझ गांव के एगो आदमी बाजार क के साइकिल से लवटत रहल जब मधुबन-मझवारा रोड प नंदौर बाजार का नियरा एगो ट्रैक्टर-टाली से धक्का लागल आ एह हादसा में ओकर मौत हो गइल.
रोहतास जिला के डेहरी नगर इलाका कोल डिपो का सर्विस लेन पर ट्रक से कचरा के साईकिल से जात एगो लइका के मौत हो गइल. हादसा का बाद ट्रक छोड़ के ड्राइवर आ खलासी भाग गइले सँ.
सोनभद्र के पिपरी इलाका में बारात से सवटत एगो बस बाकाबू हो के खाड़पाथर का नि.रा पुलिया का लगे खाई में पलट गइल. एह हादसा में दू दर्जन लोग के घवाहिल होखे के खबर बा.
जीएसटी से जुड़ल बिहार माल अउर सेवा कर विधेयक 2017 समेत पांच गो विधेयकन के आजु एके दिन ला बोलावल गइल खास सत्र में बिहार विधानमंडल के दूनू सदनन में हकारी पारि के पारित करा दीहल गइल.
घोटाला दल घोटाला मे घेराइल जात राजद सुप्रीमौ लालू प्रसाद यादव आजु पलटवार करत भाजपा विधानमंडल दल नेता सुशील कुमार मोदी पर अछरंग लगवलन कि सुशील अपन करियाह धन अपना भाई का कंपनीं खपवले बाड़न आ ओह भाई के महज एगो रिश्तेदार बतावत बाड़न. कहलन कि अगर ऊ रिश्तेदार ह त बताव का लागेला तोहार, मउसा कि फूफा अरे अपना माईए से जनमल भाई के रिश्तादार सत कह.
मऊ जिला के मोहम्दाबाद गोहना इलाका में गालिबपुर का नियरा मऊ ओरि जात एगो स्कार्पियो मोटरसाइकिल के धक्का मारत सामने से आवत ट्रैक्टर से जा टकराइल. एह हादसा में तीनो गाड़ियन में आग लाग गइल. मोटरसाइकिल सवार एगो औरत आ स्कार्पियो के ड्राइवरो के ओहिजे मौत हो गइल. जबकि ट्रैक्टर वाला आ मोटरसाइकिल सवार एगो आदमी आ ओकर बहिन घवाहिल हो के बाच गइल बा.
जौनपुर में काल्हु राते आइल आन्ही पानी में केराकत तहसील के टिसौरी गांव में देवाल गिरले से अपना ममहर आइल एगो लइका के मौत हो गइल. ओकर मामा घवाहिल हाल में वाराणसी के अस्पातल में भरती करावल गइल बाड़ें.
जम्मू-कश्मीर के पुलवामा जिला में कुछ बंदूकधारी जम्मू कश्मीर के सरकार चलावत पीडीपी के जिला अध्यक्ष अब्दुल गनी के गोली मार के जान ले लिहले.
गाजीपुर के मरदह इलाका के भीखमपुर में आइल बारात में उमंग देखावत भइल फायरिंग में तीन जने के गोली लाग गइल. संजोग अतने रहल कि केहू मरल नइखे. हालांकि गोली लागल छह बरीस के एगो नइका के हालत खराब जरुर बा.
सोनभद्र के रार्बट्सगंज कोतवाली इलाका के नागनार हरैया में बिजली के शार्ट सर्किच का चलते लागल आगि में आठ महीना के एगो लइका के मौत हो गइल आ ओकर महतारी बहुते झँउस गइल बाड़ी.
गाजीपुर के दिलदारनगर इलाक में काल्हु राति भइल सड़क हादसा में बेटी के तिलक चढ़ा के कैमूर से लवटत महुआबाग के मिठाई व्यवसायी लालमोहन राय के मौत हो गइल.
सोनभद्र के ओबरा नगर के बजरंग नगर कॉलोनी में एगो औरत पारिवारिक कलह का बाद जहर खा लिहलसि. परिवार के लोग ओकरा के तिरते अस्पताल ले गइळ जहाँ से ओकरा के जिला अस्पताल रेफर क दिआइल. बाद में जिला अस्पताल में इलाज का दौरान ओकर मौत हो गइल.
बस्ती के लालगंज इलाका में कल्हुकि रात कुदरहा गांव से एगो बिआह में शामिल होखे आइल लोग के कार लवटत घरी बस्ती-महौली मार्ग प मुड़कट्टी गांव का नियरा पलट गइल. एह हादसा में तीन जने के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइले.
बलिया में कांग्रेस के पुरनिया नेता रहल बच्चा पाठक के काल्हु बनारस के एगो निजी अस्पताल – गैलेक्सी हॉस्पिटल – में मौत हो गइल. बलिया के बाँसडीह से सात बेर विधायक रह चुकल बच्चा पाठक दू बेर कैबिनेट मिनिस्टरो रहलन यूपी के. 90 बरीस के पाठक बाबा के राजनीतिक जिनिगी के शुरुआत साल 1966 में रेवती ब्लॉक प्रमुख बनला से शुरु भइल रहुवे, बच्चा पाठक के अंतिम संस्कार आजु बलिया का पचरुखिया घाट प होखे वाला बा.
सारण जिला के कोपा बाजार में मिठाई के दूकानदारी करे वाला मनोज यादव के एगो जीप कचारत भाग गइल जब ऊ सड़क पार करत रहलन. 40 बरीस के मनोज यादव के एह हादसा में ठाँवे प मौत हो गइल.
गाजीपुर के कासिमाबाद इलाका के इन्दौर गाँव के मन्दिर में काल्हु राति अष्टधातु के बनल मूर्ति चोरी करे आइल चार मन्दिर के पुजारी के गरदन टीप के मुआ दीहले सँ आ भगवान राम, लक्ष्मण अउर जानकी जा के अष्टधातु मूर्ति चोरा ले गइलन स.
साढ़े सात करोड़ के एलईडी लाइट घोटाला में सासाराम के मुख्य पार्षद नाजिया बेगम समेत तीन जने के गिरफ्तार क लीहल गइल बा.
जौनपुर जिला के चंदवक इलाका के हिसामपुर गाँव के एगो बिआहल मेहरारू काल्हु रात फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. अब ओकरा नइहर के लोग ससुरालियन प दहेत खातिर जान लेबे के केस लिखवले बाड़न.
आजमगढ जिला के बरदह इलाका में काल्हु एगो नवही के लाश फेंड़ प फाँसी से लटकत मिलल. सरावां गांव के एह नवही के बिआह परसाल मेहनगर इलाका के धनीपुर गांव में भइल रहल. बिआह का बादे से ओकर दिमागी संतुलन बिगड़ल रहला के बात बतावल जात बा.
261 total views, 1 views today