आजु यूपी कैबिननेट का मीटिंग में कई गो फैसला लीहल गइल जवना में सबले खास रहल भूमाफियन का खिलाफ टास्क फोर्स बनावे आ महापुरुषन का नाम प मिले वाली छुट्टयन के रद्द कइल. बइठक के अध्यक्षता यौगी आदित्यनाथ कइलन. बइठक का बाद राज्य के ऊर्जा मंत्री श्रीकांत शर्मा पत्रकारन के बतवलन कि भूमाफियन का खिलाफ बने वाला ऐंटी टास्क फोर्स दू महीना का भितरे भू-माफियन के पहचान करी आ ओहनी का खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई. कहलन कि मजहब का नाम प सार्वजनिक भूमि प केहू के कब्जा ना करे दीहल जाई. पुलिस के कहल गइल बा कि जमीन कब्जा के शिकायत प तुरते कार्रवाई कगे. द्री भइला प ओह थाना के एसएचओ का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई. महापुरुषन के जनमदिन आ कुछ त्योहारन प मिले वाली 15 गो छुट्टियन के खतम करत स्कूल आ कॉलेजन में ओह दिन एह लोग का बारे में बलावल जाई. कैबिनेट मीटिंग में इहो तय हो गइल कि विधानसभा सत्र 15 मई से एक हफ्ता ला बोलावल जाई.
सीबीआई कोयला ब्लॉक आवंटन घोटाला मामिला के जांच प्रभावित करे का आरोप में अपने निर्देशक रहल रंजीत सिन्हा का खिलाफ आजु केस लीख लीहलसि. उनुका खिलाफ जानल-मानल वकील प्रशांत भूषण के शिकायत प रंजीत सिन्हा का खिलाफ जांच के जिम्मा विशेष निदेशक एम एल शर्मा के सँउपल गइल रहल.
बस्ती जिला पुलिस जिला के 21 गो बदनाम अपराधियन का खिलाफ गैगेंस्टर एक्ट के तहत कार्रवाई कइले बिया.
जौनपुर जिला के सिकरारा इलाका के ताहिरपुर जूनियर स्कूल कै प्रधानाचार्य प गाँव के एगो नाबालिग दलित लइकी साथे कुकर्म करे के आरोप सामने आइल बा.
सोनभद्र के ओबरा इलाका में स्वास्थ्य विभाग में काम करे वाली एगो एएनएम के लाश फाँसी प लतकल मिलल. खबर मिलते पुलिस चहुँप के लाश कब्जा में ले के पोस्टमार्टम खाति जिला अस्पताल भेज दिहलसि.
यूपी के योगी सरकार अपना जिलाधिकारियन के आदेश दिहले बिया कि अगिला पाँच दिन का भितरे गंगा नदी का किनारे बसल सगरी 1627 गांवन के खुला में दिशा मैदान करे से मुक्त करा दीहल जाव. एह काम के निरीक्षण आ सत्यापन क्वालिटी काउन्सिल आफ इण्डिया से करावल जाई.
गोण्डा के मोतीगंज इलाका में छाछापारा गाँव के एगो नशेड़ी नवही अपना बीबी से होखत रोज बरोज के झगड़ा से अँउजिया के एगो गाछ प फांसी लगाके आजु जान दे दिहलसि.
गोरखपुर मंडल के सरकारी अस्पतालन में आजु भइल औचक निरीक्षण में नाहिया त डेढ़ सौ चिकित्सक आ कर्मचारी गैरहाजिर मिललें. एह लोग के एक दिन के तनखाह काट लेबे के आदेश का साथही एह लोग सै जबाबो तलब कइल गइल बा.
सारण जिला के दिघवारा इलाका के बरबन्ना गांव के एगो निजी स्कूल के दीवाल ट्रैक्टर का टक्कर से गिर गइल आ ओकरा नीचे एक दर्जन लइका दबा गइले सँ. सभनी के दिघवारा प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र में इलात करावल गइल. बहुते घवाहिल चार गो बचवन के पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल रेफर कइल गइल बा.
जौनपुर के दीवानी न्यायालय के वकील आजु प्रतापगढ़ बार के अध्यक्ष रह चुकल अधिवक्ता धनंजय मिश्र के हत्या का विरोध में अदालती काम के बहिष्कार कइलें.
सोनभद्र के शक्तिनगर इलाका में बीना पुलिस चौकी का लगे लाइन पार करत घरी मोटरसाइकिल सवार दू गो नवहियन के मौत ट्रेन से कटइला का चलते हो गइल. ई लोग अनपरा इलाका के परासी गांव के रहलें.
मऊ के घोसी कोतवाली इलाका के कस्बा खास के एगो सर्राफ के मझवारा मोड़ पर पुलिस चौकी का बगले में उनका गहना का दुकान में घुस के काल्हु सँझाया गोली मार दीहले सँ बदमाश. अस्पताल ला जाए का राहे में उनुकर मौत हो गइल.
गोण्डा जिला के परसपुर इलाका में फैजाबाद के रहे वाला सर्राफा व्यापारी बाप बेटा परसपुर बाजार से स्कूटर से अपना घरे सवटत रहलें. एही दौरान आइल आन्ही में जामुन के एगो पुरान गाछ ओह लोग प आ गिरल आ ओकरा नीचे दबा के दूनू जने के मौत हो गइल.
115 total views, 1 views today