Go to ...
RSS Feed

टटका खबर, 27 अप्रैल 2017, बियफे


चण्डीगढ़ हवाई अड्डा प पीएम मोदी के स्वागत करत हरियाणा के राज्यपाल प्रो कप्तान सिंह सोलंकी, पंजाब के राजायपाल वीपी सिंह बदनोर, आ हरियाणा के मुख्यमंत्री मनोहर लाल खट्टर

शिमला में आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आम आदमी ला सस्ता हवाई यात्रा योजना ‘उड़ान’ (उड़े देश का आम नागरिक) के पहिलका फ्लाइट के झंडी देखाके रवाना कइलन आ एकरा साथही शुरु हो गइल देश के एक कोना के दोसरका कोने से हवाई यात्रा से जोड़े के काम.

सुप्रीम कोर्ट एगो याचिका के सुनवाई क के आपन फैसला सुना दिहलसि कि केन्द्र सरकार जल्दी से जल्दी लोकपाल के बहाली क देव. सरकार के कहना रहल कि विपक्ष के कवनो नेता नइखे एह से ई बहाली नइखे हा पावत. अदालत एह बाति के नकार दिहलसि आ कहलसि कि सरकार लोकपाल के बहाली करो.

ओड़िशा तट स्थित अब्दुल कलाम द्वीप से देशे में बनल जमीन से हवा में मार करे वाली मध्यम दूरी के बैलिस्टिक मिसाइल के आजु सफल परीक्षण कइल गइल.

जम्मू-कश्मीर के कुपवाडा जिला के पंजगाम में आजु सेना के चौकीबल शिविर पर आतंकवादियन के फिदायिन हमला से एगो अधिकारी आ दू गो जवान शहीद हो गइले. सात गो जवान घवाहिलो भइल बाड़ें. जबाबी कार्रवाई में दू गो आतंकी मार दीहल गइलें आ तिसरका के तलाश जारी बा.

फिल्म अभिनेता आ पंजाब के गुरुदासपुर से भाजपा सांसद विनोद खन्ना के 70 बरीस का उमिर में आजु कैंसर का बीमारी का चलते निधन हो गइल. साँझ बेरा वर्ली के श्मशान घाट प उनुकर अंतिम संस्कार क दीहल गइल.

वाराणसी में शांति बनवले राखे का मकसद से दू महीना खाति धारा-144 लगा दीहल गइल बा..28 अप्रैल से 24 जून का एह दौरान परशुराम जयंती अउर बुद्ध पूर्णिमा से जुड़ल कार्यक्रमन का अलावे कई गो परीक्षो होखे वाला बाड़ी सँ.

संतकबीरनगर जिला के बखिरा इलाका में मंझरिया पठान गाँव में विषाक्त खाना खइला का चलते एगो लइकी के मौत हो गइल. दू आदमी के इलाजो चलत बा. ई लोग बाजार से सूखल मछरी खरीद के ले आइल रहल आ ओकरे के बना के खइले रहुवे.

लालू परिवार प हमला बोलत आजु फेर भाजपा नेता सुशील मोदी एगाो नया आरोप लगवलन कि मंत्री बनवावे खातिर लालू प्रसाद कांति सिंह से जमीन लिखवा लिहले रहलन.

छपरा कचहरी टीसन का लगे बंधन बैंक के शाखा प हमला बोल के कुछ डकैत सवा पांच लाख रुपिया लूट के फरार हो गइले.

मऊ के कोपागंज इलाका में एगो ट्रक से धक्का लगला का बाद साइकिल से जात इंदारा मझली पट्टी मनगही के एगो लइकी के मौत हो गइल.

Tags: , , , , , , , , , ,

More Stories From टटका खबर

%d bloggers like this: