web analytics

टटका खबर, 28 अप्रैल 2017, शुक

बिहार विधान परिषद सभापति अवधेश नारायण सिंह

बिहार के महागठबन्धन में रहि रहि के कुछ ना कुछ फाँस लउकत रहेला. विधान परिषद के मौजूदा सभापति अवधेश नारायण सिंह के दुबारा सभापति बनावे का खिलाफ राजद खुलके मैदान में खुल के आ गइल बा. ऊ एह पद प आपन दावा ठोंक दीहले बावे.

बिहार के नगर निकायन के 4 जून के होखे वाला चुनाव के अधिसूचना राज्य निर्वाचन आयोग काल्हु जारी करी. एह दौर के चुनाव में छपरा आ पटना नगर निगम के चुनाव शामिल बा. परचा द्खिला 9 मई ले कइल जा सकी. वोट 6 जून के गिनल जाई. एह बीच पहिला दौर के चुनाव ला परचा दाखिला के काम काल्हु बियफे का दिने पूरा हो गइल बा.

रोहतास जिला के मानस इलाका के चिलहरऊआ गाँव में एके परिवार के दू बेकत बीच जमीन ले के भइल गोलीबारी से एक आदमी के मौत हो गइल.

सारण जिला के गरखा इलाका के परसा बरगाह के एगो शामियाना व्यवसायी के कुछ अपराधी गेली मार के जान ले लिहले.

वाराणसी पुलिस रामनगर इलाका के एगो ज्वेलरी दुकान में डकैती प्लान करत पांच गो बदमाशन के हथियार का साथे गिरफ्तार कइले बिया. एगो दोसर मामिला में रोहनियां इलाका के जयापुर गांव के एगो चार के चोरी के सामान का साथे कोरौते चौराहा का लगे से गिरफ्तार कइल गइल बा.

सोनभद्र के राबर्ट्सगंज कोतवाली इलाका में भिडहिन्दुआरी गांव का नियरा वाराणसी-शक्तिनगर राजमार्ग पर आजु सबेरे एगो टैंकर के धक्का से क्रूजर सवार 18 लोग घवाहिल हो गइल आ एगो औरत के मौज हो गइल बा. ई लोग गोरखपुर से अनपरा जात रहुवे.

वाराणसी के फूलपुर इलाका में चोलापुर इलाका के तेवर गांव के एगो लइका के मौत तालाब में डूबला से हो गइल. ऊ नव बरीस के रहुवे.

वाराणसी के रोहनिया इलाका में पेड़ से टकरा के मोटर साइकिल से जात दू गो नवहि.न के मौत हो गइल आ तिसरका घवाहिल हो गइल बा.

गोपालगंज जिला के मांझागढ़ इलाका के मलिकाना गांव में दू गो फरीकन का बीच भइल गोलीबारी में एगो औरत समेत आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. बचवन का झगड़ा में बड़कन के अझूरइला से बात अउर बढ़ गइल.

जौनपुर में चकबन्दी कार्यालय में सहायक चकबन्दी अधिकारी के गौरबादशाहपुर इलाक के कुरेथूं गांव के एगो आदमी से 10 हजार रुपिया घूस लेत घरी रंगे हाथ गिरफ्तार क लीहल गइल.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: