Archives for May 2017
मारीशस के प्रधानमंत्री के सम्मान में काल्हु शनिचर का दिने दीहल जाए वाला पीएम मोदी के भोज में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के शामिल होखे के उमेद बा. जबकि आजु जुम्मा का दिने सोनिया गोँधी के दीहल भोज में शामिल होखे से मना क दिहले रहलन नीतीश कुमार. हालांकि हो सकेला कि मुख्यमंत्री नीतीश
पिछला 15 मई का दिने आजमगढ़ जिला अस्पताल के मुख्य अधीक्षक डॉ जीएल केसरवानी के फोन प धमकावत रंगदारी मांगे वाला अपराधी के आजु आजमगढ़ पुलिस रोडवेज से गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिसिया पूछताछ में आजमगढ़ जिला के जीयनपुर इलाका के तरौका गोँव के नवीन कुमार राय सकार लिहलसि कि ओह दिन उहे फोन क के
दिल्ली हाई कोर्ट आजु सीबीएसई बोर्ड के 12वीं के परीक्षार्थियन के राहत देत मान लिहलसि कि सीबीएसई एह साल आपन पुरनका मॉडरेशन नीति जारी राखो आ कठिन सवालन का बदले ग्रेस मार्क देवे कै नीति प एह साल कायम रहो. दिल्ली हाई कोर्ट के प्रभारी मुख्य न्यायाधीश गीता मित्तल आ न्यायाधीश प्रतिभा एम सिंह के
लखनऊ के मडिय़ांव थाना में दर्ज कुकर्म आ गैर इरादतन हत्या के एगो मामिला में फरार चलत पीस पार्टी अध्यक्ष आ गोरखपुर के बड़हलगंज के मशहूर सर्जन डॉ. मोहम्मद अय्यूब के आजु साँझे पुलिस गिरफ्तार करिए लिहलसि. सीओ अलीगंज विवेक त्रिपाठी बतवलन कि डॉ.अय्यूब के बयान दर्ज करावे का बहाने सीओ कार्यालय बोलावल गइल आ
घोटालाबाज लालू के खानदानो घोटाला करे में लागल बा. बेटा बेटी दामाद सभकर नाम कवनो ना कवनो घाटोलो में आवे लागल बा. जेकर नाम अबले सामने नइखे आइल ऊ एह चलते कि जाँच के आग अबहीं ओकरा ले चहुँपल नइखे. आजु लालू के बेटी मीसा भारती के करिया धन उज्जर करावे के आरोप में मीसा
अपराधी आ बाहुबली नेता त हर दल में मिल जइहें बाकि राजद में भरल बाड़े। चारा चोर लालू के गोल के सांसद रहल नेता प्रभुनाथ सिंह के मशरख से विधायक अशोक सिंह के खून करे का अपराध में आजु उमर कैद के सजा सुना दिहलसि हजारीबाग के एगो अदालत। अलग बात बा कि 23 बरीस
काल्हुए बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले रहलन कि अगर लालू आ उनुका परिवार का लगे बेनामी संपति के सबूत बावे त केन्द्र सरकार कवनो कार्रवाई काहे नइखे करत. आ आजु भोरही लालू से जुड़ल 22 गो ठिकाना प आयकर के छापा पड़ गइल बा. एगो खटाल से जिनिगी शुरु करे वाला लालू प्रसाद बिना
आजु जब सगरी विपक्ष परेशान बा कि साल मौदी का सोझा कवना नेता के खड़ा कइल जाव त घुमा फिरा के बिहार के सीएम नीतीश कुमार के नाम आइए जात बा. बाकि आजु जब पटना के एगो कार्यक्रम में पत्रकार उनुका से एह बारे में पूछलन त कहलन कि हम अतना बूड़बक ना हईं जतना
पुलिस मीडिया के बतवलसि कि यूपी के कुशीनगर जिला के सेवरही इलाका के दुलमापट्टी गांव के एगो लइकी के निकाह दू बरीस पहिले गदियानी टोला में भइल रहल. निकाह का बादे से ससुराल वाले दहेज ला परेशान कइल शुरु क दीहलें आ आखिरकार ओकरा के काल्हुकि रात किरासन तेल डालके जरा देबे के आरोप लगवले
कुछ देन पहिले बेतिया व्यवहार न्यायालय में केस का चलते पेश करावल गइल बदनाम अपराधी बबलू दुबे के अदालते परिसर में गोली से भू्ंज दीहल गइल रहुवे. गैंगवार के एह घटना में आजु पुलिस दूगो शूटरन के गिरफ्तार क लिहले बिया. एगो शूटर बेतिया के ह आ दोसरका मोतिहारी के. पुलिस एह अपराधियन के नाम
गोपालगंज जिला के मीरगंज इलाका में काल्हु अतवार का दिने एगो बारात से लवटत गाड़ी के टक्कर बस से हो गइल. हथुआ थाना क्षेत्र के पेउली गांव से यूपी के देवरिया गइल बारात से लवटत घरी 14 लोग एके बोलेरो में सवार हो के घरे सवटत रहल जब हथुआ-कुसौदी रोड प सेमराव गांव का नियरा
बलिया के बापू भवन सभागार में काल्हु अतवार का दिने विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई आ भोजपुरी दिशाबोध के पत्रिका पाती के आयोजन में भोजपुरी के तीन गो मूर्धन्य साहित्यकारन – बरमेश्वर सिंह, श्रीकृष्ण कुमार आ विजय मिश्र – के पाती अक्षर सम्मान से सम्मानित कइल गइल. दिन भर चलल एह कार्यक्रम के शुरुआत
काल्हु सबेरे से रिपब्लिक टीवी प आइल खुलासा का बाद लालू आ नीतीश केा मुँह से आवाज ना निकलत रहल ह. दूनू जने के बुझात नइखे कि एह फाँस से कइसे निकलल जाव. नीतीश के हालत त साँप छछून्दर वाला हो गइल बा. अगर लालू प एक्शन लेत बाड़न त उनुकर सरकार जात बा आ
एगो भोजपुरी कहावत ह कि – ना अति बरखा, ना अति धूप ना अति बोलता ना अति चुप. आजु अरनब गोस्वामी के चैनल रिपब्लिक टीवी के शुरुआत का भइल, कपार पाक गइल बा. सबेरे दस बजे जवन खुलासा भइल ओही प सूई अटक गइल बा आ पता ना कई सौ बेर एके बतिया दोहरवले जात
अरनब गोस्वामी के चैनल रिपब्लिक टीवी के आजु शुरूआत हो गइल आ पहिलके दिने, पहिलके खबर से देश के राजनीतिक माहौल में भूंईडोल हो गइल. सभे जानेला आ मानेला कि चारा चोर घोटालेबाज लालू सिवान के माफिया शहाबुद्दीन के नाज नखरा उठावे वाला हउवन. बाकिर आजु जब एही बात के ई चैनल सप्रमाण जनता का