
मारीशस के प्रधानमंत्री के सम्मान में काल्हु शनिचर का दिने दीहल जाए वाला पीएम मोदी के भोज में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के शामिल होखे के उमेद बा. जबकि आजु जुम्मा का दिने सोनिया गोँधी के दीहल भोज में शामिल होखे से मना क दिहले रहलन नीतीश कुमार.
हालांकि हो सकेला कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सरकारी काम के बोझ का चलते आजु दिल्ली ना आ सकलें. दोसरे सोनिया के भोज में महज राजनीती साधे के कोशिश होखे वाला रहल. उनुकर कोशिश बा कि भाजपा का खिलाफ वाली सगरी गोल के एगो महागठबन्हन बना के अपना बेटा राहुल ला राजनीतिक संभावना बना सकसु. अलग बाति बा कि सोनिया के दीहल भोज का बादो कवनो काम जोग एलान सामने नइखे आइल. पहिला मुद्दा बा कि राष्ट्रपति चुनाव में कवनो अइसन उमीदवार खोजल जा सको जे भाजपा के चुनौती दे सको. बाकिर एह फजीहता काम ला केहू आपन नाम दीहल नइखे चाहत.
अब काल्हु के भोज का बाद होखे वाला पीएम नरेंद्र मोदी आ सीएम नीतीश कुमार के मुलाकात का बाद कुछ नया शगूफा उठ जाव त अचरज ना. बाकि नीतीश अइसन कमजोर खिलाड़ी ना हउवन. एक बेर आडवाणी का बात में फँस के ऊ मोदी के खिलाफ हो गइलें आ ओकरा बाद जवन कुछ भइल तवन नीतीश के असली लक्ष्य बेधे के कोशिश के कमजोर क दिहलसि आ ऊ ई एकदमे ना चहीहें कि कुछ अउर गलत चाल चल देसु आ हमेशा ला आपन संभावना खतम करा देसु.
शनिचर वाला भोज राजनीतिक कम, सरकारी अधिका बा. आ मारीशस के पीएम के सम्मान में दीहल जा रहल बा. बिहार के बहुते लोग मारीशस में जा बसल बा आ बिहार के सीएम होखे का नाते नीतीश एह मौका प गैर हाजिर होखल ना चहीहें.
166 total views, 1 views today