Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, अतवार, 4 जून 2017



भारत के बी साई प्रणीत आपन पहिला गेम हारला का बादो हिम्मत ना हरलन आ बाद में इंडोनेशिया के जोनाथन क्रिस्टी के 17-21, 21-18, 21-19 से हरावत थाईलैंड ओपन बैडमिंटन टूर्नामेंट के खिताब जीत लिहलन. एह सफलता ला पीएम मोदी उनुका के बधाई भेजले बाड़न.

पइसा कमाए ला इज्जति नीलाम क देबे वाला बीसीसीआई के टीम इंडिया आजु चैम्पियनशीप टूर्नामेंट में पाकिस्तान से खेलले. खेल में हारसु भा जीतसु बाकिर अपना आ देश के इज्जत के फालूदा त बनाइए दिहले सँ ई धनपशु. जबकि कवनो खिलाड़ी करोड़पति से कम नइखन स. अलग बाति बा कि बरखा का लुकाछिपी में अबहीं कहल ना जा सके कि के हारी.

भाई जवन मन करे जवन दावा करत रहसु बाकि बाप अपना बेटा से नाराज नइखन. आजु मैनपुरी के करहल कस्बा में एगो पुछारी में आइल मुलायम सिंह यादव कहलन कि बाप-बेटा में कवनो नाराजगी नइखे आ कबा होइयो ना सके. आ शिवपाल दावा करत घूमत चलत बाड़न कि 6 तारीख के ऊ मुलायम के अगुअई में समाजवादी सेकूलर मोर्चा बनइहें.

जौनपुर जिला के गौराबादशाहपुर इलाका में एगो दुलहा के गोली मार के घवाहिल क देबे वाला दू गो बदमाशन के आजु पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि. गोली मरला का बाद दूनू मोटरसाइकिल से भाग पराइल रहले सँ.

मिर्जापुर के मडिहान धोरावल रोड प एके मोटरसाइकिल प जात तीन गो नवही घवाहिल हो गइलें जब कलवारी गांव का नियरा ओह लोग के मोटरसाइकिल बेकाबू हो के बदरहवा नाला में जा गिरल.

बिहार के मंत्री रहल आ जदयू से निलंबित विधान पार्षद राकेश कुमार उर्फ सम्राट चौधरी 11 जून के यूपी के उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य का सोझा पटना के श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल में भाजपा के सदस्यता लीहें. कहतारें कि उनुका साथे उनुकर बहुते समर्थको भाजपा में शामिल हो जइहें.

पश्चिम चंपारण जिला के गोबरहिया दोन इलाका के शेरवाँ गाँव में अपना खेत के रखवारी करत लोगन प जंगली भालुअन के झुंड हमला क दिहलसि. एह हमला से पाँच जने घवाहिल हो गइलें.

बलिया जिला के बैरिया इलाका के चिरैया मोड़ का नियरा आपन आपन ट्रक खड़ा क के ओकर ड्राइवर सड़क किनारे बइठ के बतियावत रहलें. एही बीचे एगो बेकाबू जीप दूनू के धक्का मारत एगो ट्रक से टकरा गइल. दूनू ड्राइवर आ ओह जीप प सवार सात जने समेत नौ जने घवाहिल हो के जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ें.

सिवान के नगर इलाका के मसान घाट प बनल कंधवारा मुक्तिधाम स्थित मंदिर के पुजारी के आजु फजीरे कुछ बदमाश गाली मार के जान ले लीहले सँ. हत्या के कारण अबहीं पता नइखे चलल.

भभुआ में पूर्व मध्य रेलवे के गया-मुगलसराय रेल खंड पर आजु फजीरे पुसौली टीसन का लगे ट्रेन से कटा के एगो रेलकर्मचारी के ठाँवे प मौत हो गइल.

सारण जिला के रिविलगंज इलाका के दौलतगंज जामटोला के कुछ बचवा सरयू में नहाए गइल रहले सँ. एह में से तीन गो बचवा डूबे लगले सँ. एगो के त केहू तरह बचा लीहल गइल बाकिर दू गो के डूब के मौत हो गइल. एगो 8 बरीस के आ दुसरका 13 बरीस के रहुवे.

बलिया के नरही इलाका में चौरा गांव में हालही में बिआह के आइल कनिया के मौत शुक का राति जरला से हो गइल. सन्देह वाला हाल में जरल एह नवहिन के जिला अस्पताल मे भरती करावल गइल बाकिर ओकरा के बचावल ना जा सकल.

शनिचर देर राति ताड़ीबड़ा गाँव जाए वाली सड़क किनारे सूतल मलप गाँव के एगो नवही के एगो ट्रक कचार के जान ले लिहलसि. ट्रक के पीछे करत ड्राइवर देखलसि ना आ ओकरा प ट्रक चढ़ा दिहलसि.

जौनपुर के पुरनिया पत्रकार राजेन्द्र सिंह के आजु 90 बरीस का उमिर में गंगालाभ हो गइल. ऊ एने ढेर दिन से बीमार चलत रहलन. मूल रुप से फैजाबाद के समन्था गांव के रहे वाला राजेन्द्र सिंह 1965 से जोनपुरे में बस गइल गहलन. आजु उनुकार अंत्म संस्कार वाराणसी के मणिकर्णिकाघाट प क दीहल गइल.

Tags: , , , , , , , , ,

%d bloggers like this: