Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, 8 जून 2017, बियफे



बँवारा राजनीतिक गोलन के छात्र ईकाईयन का तरफ से आजु बियफे के बिहार बन्द करे के गोहोर लगावल गइल रहुवे. बाकिर एह गोहार के कवनो खास असर देखे के ना मिलल. आरा टीसन प कुछ लुहेड़ा लईका संघमित्रा एक्सप्रेस के कुछ देर ले रोक रखले. राजद मुखिया पुलिस के सलाह दिहले रहलन कि विरोध करेवालन प भरसक लाठी चार्ज वगैरह ना होखे के चाहीं.

बिहार बोर्ड के मैट्रिक रिजल्ट 15 जून का पहिले जारी क देबे के तइयारी में लागल बावे बोर्ड.

चारा घोटाला के एगो केस में लालू यादव के काल्हु राँची के अदालत में पेश होखे के बा. अइसने दूगो मामिला में आजु बिहार के मुख्यमंत्री रहल जगन्नाथ मिश्रो अदालत में हाजिर भइलन आ बाद में एक एक लाख रुपिया के दू गो बाण्ड भरि के जमानत पा गइलन.

सहारनपुर में जातीय दंगा करावे के मुख्य आरोपी भीम आर्मी के प्रमुख चन्द्रशेखर के पुलिस आजु हिमाचल प्रदेश के डलहौजी से गिरफ्तार क लिहलसि.

यूपी सरकार राज्य में होखे वाला हर बिआह के पंजीकृत करावे के कानून बनावे के सोच रहल बिया. कुछ समय पहिले सुप्रीम कोर्ट एह तरह के निर्देश दे चुकल बिया.

यूपी में अब से बहाल होखे वाला डाक्टरन के पोस्टिंग अब सीधे महानिदेशालय स्तर से करे के फैसला लीहल गइल बा. अबहीं ले ई काम ओह जिलन के सीएमओ करत रहलन.

13 जून से 12987 अप/12988 डाउन सियालदह-अजमेर एक्सप्रेस के ठहराव डेहरी-ऑन-सोन टीसनो प होखे लागी. ई व्यवस्था छह महीना खातिर कइल गइल बा आ पर्याप्त टिकट कटत रहला प आगहूं एकर ठहराव होखत रही.

आज़मगढ़ जिला के रानी की सराय इलाका में पारिवारिक कलह का चलते टकमलपुर गांव के एगो मेहरारु अपना 13 बरीस के बेटा संगे जगरनाथसराय गांव का नियरा शाहगंज-मऊ सवारी गाडी का सोझा कूद के जान दे दिहलसि. दूनू के मौत ठाँवे प हो गइल.

आज़मगढ़ में सहकारिता मण्डल के उपायुक्त/उपनिबंधक के आजु सर्तकता विभाग के टीम 50 हजार रूपिया के घूस लेत रंगे हाथ गिरफ्तार क लिहलसि. सचिव के बहाली करे का नाम प एक लाख के माँग कइले रहलन बाकिर बाद में पचास हजार प मान गइल रहलन. टीम गोरखपुरसे आइल रहुवे.

मऊ जिला के हढ्ढीमदारी मोहल्ले के बंधा प नाजायज बूचड़खाना चलावे का आरोप में एगो आदमी के गिरफ्तार क लीहल गइल. ओकरा लगो से ढेरे मांस, जिन्दा जानवर आ एगो गाड़ी धराइल बा. एह मामिला में दू गो सिपाहियनो के निलंबित क दीहल गइल बा.

गाजीपुर जिला के गहमर इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में हरिजन बस्‍ती के एगो सेना के जवान आ उनुका मेहरारु के मौत हो गइल. ई लोग कामाख्‍या धाम से दर्शन क के मोटरसाइकिल से लवटत रहुवे.

बेतिया के परिवहन कार्यालय से आजु एगो मोटरसाइकिल डीलर एजेंट के चकमा देके ओकरा लगे से छह लाख रुपिया गायब क दीहलन स उचक्का.

गाजीपुर के जमानियां इलाका के धुस्‍का गांव में एगो मेहरारु काल्हु रात फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. आजु सबेरे एकर पता चलल.

गाजीएपुर के बिरनों इलाका में एगो सड़क हादसा में मोटरसाइकिल सवार दू गो भाईयन के मौत हो गइल. कोडसन गांव के एगो नवही अपना 9 बरीस के भाई का साथे एगो बिआह में शामिल हो के तवटल रहल जब भडसर चट्टी का नियरा एगो गाड़ी वाला मोटरसाइइकिल के धक्का मार दिहलसि.

अक्टबर 2015 में भइल एगो रेप काण्ड में आरोपी के 7 साल के जेल आ 22 हजार रुपिया के जुर्माना के सजा सुना दिहलसि बलिया के अदालत. ई कुकर्मी सात बरीस के एगो बच्ची से रेप कइले रहुवे.

अगिला हप्ता से पेट्रोल डीजल पंपन के कमाई के राह आसान बना दीहल जाई. चिप लगा के घटतोली करत हराम के कमाई करे वाला एह पंपन प अब पेट्रोल डीजल के भाव रोज तय होखल करी. आ हमेशा का तरह बढ़लका दाम तुरते आ घटलका दाम अगिला दिन से लागू कइल करीहें बेईमान कर्मचारी.

Tags: , , , , , , , , ,

%d bloggers like this: