उपराष्ट्रपति चुनाव में वेंकैया नायडू के जीत त पहिलहीं से तय मानल जात रहुवे बाकिर वोट का बाद देखल गइल कि उनुका 516 वोट मिलल बा. जबकि भाजपा के गणित रहल कि उनुका 502 वोट मिली. भाजपा के दू गो सांसद वोट देबे ना आ पवलें. विपक्षो के 12 गो सांसद गैरहाजिर रहलें र् 11 गो वोट गलत पड़ल.
एह चुनाव में अबले भइल चुनावन में सबले बेसी मतदान भइल. साल 2002 में भैरों सिंह शेखावत के उपराष्ट्रपति बनावे बेरा 759 वोट पड़ल रहुवे. नायडू 272 वोट से जीतलें जबकि विपक्षी उमीदवार गोपालकृष्ण के 244 गो वोट मिल पावल.
उपराष्ट्रपति चुनइला का बाद वेंकैया नायडू कहनी कि उहाँ के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी समेत सगरी गोल के नेता लोग के आभार जतवनी. कहनी कि उपराष्ट्रपति संस्था के उपयोग राष्ट्रपति के हाथ मजबूत करे ला करब आ ऊपरी सदन के मर्यादा कायम राखब.
84 total views, 1 views today