Archives for September 2017
आजु नई दिल्ली में ऐतिहासिक लालकिला का नियरा होखे वाला दशहरा समारोह के संबोधित करत राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद जी कहनी कि देश से आतंकवाद आ भठियरपन न के खतम करे ला हमनी सभ के मिल जुल के काम करे के चाहीं. एही मौका प प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी जी कहनी कि हमनी सभलोग राष्ट्र निर्माण प्रक्रिया
आजादी का कई युग का बाद हिन्दू के मान सम्मान के काम सरकारो का स्तर प होखे लागल बा. आजु देश में कई राज्यन के मुख्यमंत्री कन्यापूजन आ कन्याभोज के परंपरा निभवलें. ना त अबहीं ले बस इफ्तार प एह तरह के सरकारी आयोजन देखे के मिलत रहल. मर्यादा पुरुषोत्तम भगवान श्रीराम के नगरी अयोध्या
अर्थ व्यवस्था के हालत खराब बतावत रिसियाइल भाजपा नेता यशवन्त सिन्हा के लेख का बाद आजु वित्तमंत्री अरुण जेटली कहलन कि देश के मौजूदा आर्थिक स्थिति दुनिया के सबसे तेज गति से बढ़े वाली अर्थव्यवस्था बिया. कहलन कि अब आर्थिक अनुशासन सरकार के प्राथमिकता बावे. कहलन कि अबहीं उनुका भूतपूर्व वित्त मंत्री कहाए के सुख
सेना आजु बुध का फजीरहीं म्यांमार का सीमा से लगल इलाका में नागा उग्रवादी संगठन नेशनल सोशलिस्ट काउंसिल ऑफ नगालिम (खापलांग) का खिलाफ एगो बड़हन कार्रवाई क के बहुते उग्रवादियन के मार गिरवलसि. सेना के कवनो जवान के हताहत होखे के खबर नइखे. कार्रवाई अपने देश के इलाका में भइल आ सीमा पार करे के
भारत अउर अमरीका के रक्षा मंत्रियन के भेंट अउर बातचीत का बाद जारी बयान में कहल गइल बा कि कतहिंयो आतंकवाद के सुरक्षित शरणस्थली रहे बने के बर्दाश्त ना कइल जा सके. आजु भारत के रक्षा मंत्री निर्मला सीतारामन आ अमरीका के रक्षा मंत्री जेम्स मेटिस के नई दिल्ली में भेंट अउर बातचीत भइल. मॉरिशस
कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी बिहार कांग्रेस के अध्यक्ष अशोक चौधरी के उनुका पद से हटावत बिहार कांग्रेस के सगरी कमिटियनो के भंग क दिहले बाड़ी. लालू का साथे आपन नाता निबाहे का ललक में राहुल गाँधी बिहार के कांग्रेसियन के पहिलहीं बता दिहले रहलन कि बिहार में लालू के साथ ना छोड़ी कांग्रेस. अशोक चौधरी
मीडिया के अटकर पचीसी के एक बेर फेरु झूठ करत आज नरेन्द्र मौदी अपना मंत्रीमंडल के पुनर्गठन क दीहलें. कवनो मीडिया आजु के बदलाव का बारे में सही खबर ना जुटा पावल आ इहे बतावत बा कि देश के कमान एगो मजबूत हाथ में बा आ एगो सुखद बदलाव के आशा कइल बेकार नइखे जाए