Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, 26 सितम्बर 2017, मंगल


भारत अउर अमरीका के रक्षा मंत्रियन के भेंट अउर बातचीत का बाद जारी बयान में कहल गइल बा कि कतहिंयो आतंकवाद के सुरक्षित शरणस्‍थली रहे बने के बर्दाश्‍त ना कइल जा सके. आजु भारत के रक्षा मंत्री निर्मला सीतारामन आ अमरीका के रक्षा मंत्री जेम्‍स मेटिस के नई दिल्‍ली में भेंट अउर बातचीत भइल.

मॉरिशस के उच्चायुक्त जगदीश्वर गोबरधन आजु बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से भेंट क के 2 नवम्बर का दिने मारीशस में होखे वाला ‘अप्रवासी दिवस’ के 187वां वर्षगांठ समारोह में मुख्य अतिथि का रूप में शामिल होखे के नेवता दीहलें.


वाराणसी कमिश्नर के कहना बा कि बनारस हिन्‍दू विश्‍वविद्यालय में भइल बवाल के दोषी विश्वविद्यालय के अधिकारी बाड़ें जे मामला सही तरीका से निपटा ना पवलें. विश्‍वविद्यालय एह मामला के जोँच ला उच्‍च न्‍यायालय के सेवा निवृत्‍त न्‍यायाधीश के अध्‍यक्षता में एगो जांच समिति बनावे के एलान कइले बिया. पुलिसो के अपराध शाखा एह मामला के अलग से जाँच करी.

जम्‍मू-कश्‍मीर में नियंत्रण रेखा का नियरा भइल मुठभेड़ में हिजबुल के एगो बड़हन आतंकवादी अब्‍दुल कयूम नाजर के मार गिरावल गइल.

यूपी के बलिया में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ड्रीम प्रोजेक्ट आदर्श ग्राम योजना ला चुनाइल गाँव ओझवलिया के दू गो ग्राम विकास अधिकारयि.न के निलम्बित क दीहल गइल.

बलिये का रेवती इलाका के एगो गाँव में आजु मंगल का भोर में दिशा मैदान ला निकलल लडिकी साथे ओकरे आशिक अपना एगो दोस्त साथे मिल के ओकर बलात्कार क दिहलसि.

बिहार कांग्रेस का अध्यक्ष पद से हटावल अशोक चौधरी कहतारें कि हटवला के अनेसा त रहबे कइल बाकिर जवना तरह से उनुका के हटावल गइल से दुखी क दिहलसि.

स्पेशल टास्क फोर्स के एगो दस्ता आजु गाजीपुर में हरियाणा से तस्करी क के ले आवल गइल 630 पेटी अंग्रेजी दारु का साथे दू गो तस्करन के गिरफ्तार क लिहलसि. या

इलाहाबाद के कोरांव इलाका के पचेड़ा गाँव के भाई-बहिन नहर में नहात घरी डूब गइलें आ दूनू बचवन के मौत हो गइल

परीक्षा में नकल रोके का इरादा से फैसला लीहल गइल बा कि अब ओह स्कूल के केन्द्र ना बनावल जाऊ जहाँ सीसीटीवी कैमरा ना लागल होखी.

जौनपुर जिला के सिकरारा इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में सबेरे टहले निकलल महतारी बेटी के मौत हो गइल.

असम, मेघालय, बिहार, नागालैंड, मणिपुर, मिजोरम, त्रिपुरा, गांगेय पश्चिम बंगाल, ओडिशा, तटीय आंध्र प्रदेश अउर तेलंगाना में बुध का दिने आंधी तूफान का साथे बरखा होखे के अनेसा जतावल गइल बा.

देवरिया के बघौचघाट में काल्ह भइल एगो सरकारी डाक्टर अब्दुल खालिद के हत्या से नाराज डाक्टर आजु सरकारी अस्पतालन में हड़ताल क दीहलें आ काम ना कइलें.

पूरा शराबबंदी लागू रहला का बावजूद भा कहीं कि शराबबंदी का चलते बिहार में शराब के तस्करी के सिलसिला बद्तूर जारी ब. आजुओ कई जगहा से कुल मिला के चालीस लाख रुपिया से अधीका के शराब जब्त कइल गइल बा.

सारण जिले के मढ़ौरा प्रखंड के रसूलपुर पंचायत के सरपंच रामू साह के काल्हु कुछ बदामाश अपहरण क लिहले रहलें. पुलिस आजु उनुका के सकुशल बरामद क लिहलसि.

यूपी में प्राइमरी शिक्षक बहाली में लिखित परीक्षा जरुरी बनावल गइल. 60 फीसदी ओह परीक्षा का आधार प आ 40 फीसदी शैक्षिक योग्यता ला दीहल जाई. साथही शिक्षा मित्रन के काम के हर साल का बदले 2.5 अंक दीहल जाई जवना कि 25 अंक ले जा सकेला. एह तरह शिक्षा मित्र लोग के सफलता के उमीद बढ़ जाई.

Tags: , , , , , ,

%d bloggers like this: