web analytics

टटका खबर, 29 सितम्बर 2017, शुक

आजादी का कई युग का बाद हिन्दू के मान सम्मान के काम सरकारो का स्तर प होखे लागल बा. आजु देश में कई राज्यन के मुख्यमंत्री कन्यापूजन आ कन्याभोज के परंपरा निभवलें. ना त अबहीं ले बस इफ्तार प एह तरह के सरकारी आयोजन देखे के मिलत रहल. मर्यादा पुरुषोत्तम भगवान श्रीराम के नगरी अयोध्या में अबकी के दीपावली के खास बनावे का तैयारी में योगी सरकार लागल बिया. एह मौका प मुख्यमंत्री अनेके विकास योजना के शुरुआत करइहें. सरयू तट पर माँ सरयू के आरती उतारल जाई, दीयाबाती से सरयू के घाटन के जगमगावल जाई आ आतिशबाजी के आयोजन होखी.

शुक का दिने मुम्बई के एलफिंस्‍टन रोड टीसन प बनल पुरान पैदल पार पुल पर भगदड़ मच गइला का चलते नाहियो त दू दर्जन लोग के मौत हो गइल बा चीन दर्जन से अघिका लोग घवाहिल हो गइल. एह घटना के उच्च स्तरीय जांच के आदेश दे दीहल गइल बा. मृतक के परिवार के पाँच-पाँच लाख रुपिया मुआवजा देबे के एलान महाराष्ट्र सरकार का तरफ से भइल बा. जाने जोग बाज इहो बा कि रेल मंत्री सुरेश प्रभु का जमाना में एह पुल के फेर से बनावे ला आदेश आ रुपिया मंजूर भइला का बादो रेल अधिकारियन के लापरवाही से एहपर कवनो काम शुरु ना भइल.

केन्द्र सरकार जीएसटी लागू होखे से पहिले के बनल सामान बेचे ला तीन महीना के मोहलत अउरी देबे के आदेश जारी क दिहले बिया. अब एमआरपी लिखल सामान दाम के नया स्टीकर लगा के 31 दिसमेबर ले बेचल जा सकी.

गोरखपुर के सहजनवा इलाका में आपन नहात घरी के फोटो खींच के लोग के देखावत गोविन्दपुर गाँव के एगो अनेरिया के जानकारी मिलला का बाद एगो लइकी जहर खा के जान दे दिहलसि.

गोपालगंज जिला के जादोपुर इलाका में एगो मेहरारु के नंग धड़ंग लाश मिलल बा जवना के मूड़ी काट का हटा दीहल गइल बा. ओह औरत के पहचान करावे के आ ओकर मूड़ी खोजे के कोशिश जारी बा.

कुशीनगर के तरयासुजान इलाका में तमकुहीराज कस्बा के एगो व्यापारी के मौत सड़क हादसा में हो गइल बा.

यूपी सरकार में पिछड़ा वर्ग कल्याण एवं दिव्यागंजन सशक्तीकरण मंत्री आ भसपा नेता ओमप्रकाश राजभर आजु कहलन कि पूर्वी उत्तर प्रदेश के विकास बढ़न्ती ला पूर्वांचल का अलग राज्य बनावल जरुरी बा.

उत्तर प्रदेश के पुलिस महानिदेशक (डीजीपी) सुलखान सिंह के तीन महीना सेवा विस्तार मिले के खबर अबहीं ले अटकलबाजीए रहि गइल आ परंपरा का हिसाब से शुक का दिने शानदार परेड आयोजित क के उनुका के विदाई दे दीहल गइल.

 114 total views,  1 views today

%d bloggers like this: