आजु नई दिल्ली में ऐतिहासिक लालकिला का नियरा होखे वाला दशहरा समारोह के संबोधित करत राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद जी कहनी कि देश से आतंकवाद आ भठियरपन न के खतम करे ला हमनी सभ के मिल जुल के काम करे के चाहीं. एही मौका प प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी जी कहनी कि हमनी सभलोग राष्ट्र निर्माण प्रक्रिया में आपन योगदान देबे के संकल्प लीं. कहनी कि हमनी के पर्व त्यौहार समाज के शिक्षित करे के एगो जरियो ह. एह समारोह में उपराष्ट्रपति एम वैंकैया नायडू, प्रधानमंत्री रहल डॉक्टर मनमोहन सिंह, केंद्रीय मंत्री डॉक्टर हर्षवर्द्धन आ विजय गोयलो मौजूद रहे लोग.
आजु बिहार समेत पाँच गो राज्यन के राज्यपालन के नियुक्ति राष्ट्रपति का आदेश से कइल गइल. एह लोग के कार्यकाल किरिया गीहला का दिन से गिनल जाई. श्री सत्यपाल मलिक के बिहार के, श्री बनवारी लाल पुरोहित के तमिलनाडु के, श्री गंगा प्रसाद के मेघालय के, आ ब्रिगेडियर बी डी मिश्र के अरुणाचल प्रदेश के राज्यपाल बनावल गइल बा. साय़ही एडमिरल देवेन्द्र कुमार जोशी के अंडमान निकोबार के उप-राज्यपाल बनावल गइल बा. एहिजा उप-ताज्यपाल रहल प्रोफेसर जगदीश मुखी असम के राज्यपाल हो जइहें.
एलफिनस्टन रोड टीसन के पुल प भइल भगदड़ का बाद आजु भइल रेलवे बोर्ड के बइठक का बाद जारी प्रैस विज्ञप्ति में कहन गइल बा कि फुट ओवर ब्रिज, प्लेटफार्म अउर पैदल चले वालन ला बनल रास्तन प सुरक्षा का नजरिया से पूरा धेयान दीहल जाई आ एकरा ला बजट के कवनो सीमा ना रही. अधिका भीड़ वाला टीसनन प एस्केलेटर लगावल जाऊ. इहो कहल गइल कि देश के 75 गो टीसनन प तेज तर्रार अउर उत्साही स्टेशन निदेशकन के बहाल कइल जाई.
भारत सरकार का निहोरा प कुवैत के शासक अमीर 15 गो भारतीय नागरिकन के मिलल मौत के सजा उमिर कैद में बदल दिहले बाड़न. साथही 119 गो भारतीय नागरिकन के मिलल सजा के अवधिओ कम क दिहले बाड़न. एह बात ला विदेश मंत्री सुषमा स्वराज कुवैत के अमीर के धन्यवाद दिहले बाड़ी.
श्रीलंका के राष्ट्रपति मैत्रीपाला सिरीसेमा आजु एह बात प जोर दिहलन कि श्रीलंका के अखंडता आ संविधान में बौद्ध धर्म के मिलल शिखर स्थान प असर डाले वाला कवनो बदलाव ना कइल जाई. एहिजा के अल्पसंख्यक समूह चाहल बाड़ें कि श्रीलंका मैं धर्मनिरपेक्ष व्यवस्था बनावल जाय.
लखनऊ में राज्यपाल रामनाईक ऐश बाग मैदान में दशहरा उत्सव में शामिल भइऩी जबकि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखपुर में एगो शोभायात्रा के अगुअई कइनी.
भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच पंचवां अउर आखिरी एकदिना मैच काल्हु नागपुर में खेलल जाई. एह सीरीज मे भारत पहिलहीं से तीन-एक के बढ़त ले चुकल बा.
भारत के दीपिका पल्लीकल आजु सेन फ्रांसिस्को ओपन स्क्वॉश टूर्नामेंट सेमीफाइनल में आठ बेर विश्व चैम्पियन रहल मलेशिया के निकोल डेविड से हार गइली.
112 total views, 1 views today