web analytics

टटका खबर, अतवार, 24 दिसम्बर 2017

Music Hosting – Listen Audio Files –

चार गो प्रदेशन के पाँच गो विधानसभा सीटन प करावल गइल उपचुनाव में भाजपा के तीन सीट प जीत मिलल बा. पश्चिम बंगाल के सबांग विधानभा सीट प तृणमूल कांग्रेस आ तमिलनाडु के आरके नगर सीट प स्व. जयललिला के राजनीतिक वारिस होखे के दावा करे वाला टीटीके दिनाकरण जीतल बाड़ें. यूपी के सिकन्दरा सीट अउर अरुणांचल प्रदेश के पक्के कसांग आ लिकाबाली सीटन प भाजपा के जीत भइल बा. आरके नगर सीट प भाजपा के जमानत जब्त हो गइल बा. जबकि पश्चिम बंगाल के सबांग सीट जवन पहिले कांग्रेस का लगे रहल बाकिर अबकी ऊ चउथा जगहा प गिर गइल बिया. भाजपा आपन शानदार प्रदर्शन करत ओहिजा तिसरका जगहा प आइल बिया.

आल इण्डिया मुस्लिम परसनल लॉ बोर्ड के कहना बा कि तीन तलाक के खिलाफ कवनो कानून बनावल शरीयत का खिलाफ होखी काहें कि तीन तलाक मुसलमानन के मजहबी अधिकार ह आ एह प कवनो तरह के पाबन्दी इस्लाम का खिलाफ होखी. जान जाईं कि केन्द्र सरकार तीन तलाक का खिलाफ एगो कानून संसद से पास करावे जा रहल बिया.

दिल्ली हाई कोर्ट आजु सेशन कोर्ट के दू गो जजन के निलम्बित क दिहलसि. एह लोग प भठियरपन के आरोप बा. दूनू जने दिल्ली के द्वारका कोर्ट में आपन फैसला सुनावल रहलें. एक जने प दोसरा का पइसा से विदेश घूमे के त दुसरकु प घूस माँगे के दोष लगावल गइल बा.

मिले मियाँ के माँड़ ना आ बिरयानी के फरमाइश वाला कहाउत साँच करत यूपी सरकार करीब साढ़े चार सौ से अधिका विशेषज्ञन के बहाली करे में सफल ना हो सकल. सरकार कहले रहुवे कि डाक्टर लोग आपन दाम बतावसु सरकार ओतना दे के उनुका के बहाल क ली. एह लॉलीपॉप का बावजूद मुश्किल से डेढ़ सौ डाक्टर आपन भाव बतवलन. बेसी लोग अढ़ाई लाख से तीन लाख रुपिया महीना मँगले रहुवे जवन देख के सरकार हाथ खड़ा क दिहलसि. कहलसि कि एक लाख बीस हजार रुपिया से अधिका ना दीहल जाई. मानक का हिसाब से काम देखाई लोग तबे ओह से अधिका दीहल जाई. मानक एह तरह के बनावल गइल बा जवन पूरा होखल संभव ना होखे. ई सभ देखत मुश्किल से तीस चालीस डाक्टरन के बहाली हो पाई.

बंगला देश के ढाका में होखत सैफ अंडर-15 फुटबाल टूर्नामेंट के फाइनल में बांग्लादेश भारत के लइकियन के टीम के एक गोल से हरा के खिताब जीत लिहलसि.

हिमाचल प्रदेश में भाजपा के शानदार जीत दिआवे वाला धूमल अपने सीट हार गइलन जवना का बाद मजबूरी में भाजपा ओहिजा के मुख्यमंत्री बनावे ला पांच बेर के विधायक रहल आ जमीनी जुड़ाव राखे वाला जयराम ठाकुर के चुन लिहलसि. जयराम ठाकुर हिमाचल प्रदेश के 13वाँ मुख्यमंत्री होंखीहें.

रउरा आजु के टटका खबर के प्रसाऱण कइसन लागल से बतावल मत भुलाएम. एह बारे में आपन सुझाव एडीटर एट टटकाखबर डॉटकॉम प ईमेल से भेजीं.


भूल सुधार : पहिला कोशिश में कुछ गलती हो गइल बा जवना ला माफ करब सभे. मुस्लिम परसनल लॉ बोर्ड का जगहा मुस्लिम लीग कहा गइल बा आ दिनाकरण का बदले प्रभाकरण.


 131 total views,  1 views today

%d bloggers like this: