आजु हमनी के कम गिनिती प कांग्रेस हँसत बिया बाकिर जल्दिए उहो दिन आई जब पूरा भारत में हमनिए के सरकार होखी आ तब देश उनुका प हँसी.
एह बाति के भाखे वाला देश के पहिलका संघी प्रधानमंत्री अटल बिहारी बाजपेई जी के आजु जनम दिन ह. उनुकर अभिनन्दन करत बा सगरी देश. आजुए काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के संस्थापक महामना पंडित मदन मोहन मालवीय जी आ ईसाई धर्म के शुरुआत करे वाला ईसा मसीहो के जनमदिन ह. बाकिर अबकी के संजोग कुछ अइसन बनल बा कि ईसा मसीह के जनमस्थली बेथलहेम प सन्नाटा घेरले बा. काहे कि अनेसा बा कि एह मौका प फिलिस्तिनी हमला हो सकेला. इजरायल के राजधानी जेरुसलम में अमेरिका के दूतावास ले जाए के एलान का बाद से दुनिया भर के मुसलमान दुखी बाड़ें. जबकि आधा जेरुसलम प इजरायली संप्रभुता के बाति राष्ट्रोसंध मानेला.
आजु दिन में पीएम मौदी दिल्ली मेट्रो के एगो नया लाइन मेजेंटा लाइन के उद्घाटन करीहें. ई लाइन नोएडा के बोटैनिकल गार्डन आ दिल्ली के कालकाजी मन्दिर का बीचे बनल बा.
पाकिस्तानी जेल में बंद भारत के नागरिक कुलभूषण जाधव के मेहरारु आ मतारी आजु उनुका से भेंट करे पाकिस्तान जात बाड़ी. भेंट इस्लामाबाद में पाकिस्तानी विदेश मंत्रालय का कार्यालय में होखी. भेंट क के ई लोग आजुए लवटिओ आई. भेट करत घरी भारत के उप-उच्चायुक्तो मौजूद रहीहें.
Listen Music – Upload Audio Files –
काल्हु भइल तिसरका आ आखिरी बीसबीसा क्रिकेट मैच में बीसीसीआई के टीम श्रीलंका टीम के पांच विकेट से हरा के सीरीज जीत लिहलसि,
अरविन्द केजरीवाल जइसन नेता के देश प थोपे वाला समाजसेवी अन्ना हजारे फेरु आन्दोलन शुरु करे के धमकी दिहले बाड़न आ कहले बाड़न कि अगर सरकार लोकपाल ला उनुकर बाति ना मनलसि त ऊ आपन जान दे दीहें.
सोचो वाली बाति बा कि भाजपा के बड़बोला सांसद शत्रु काल्हु अजमेर में पीएम मोदी के बड़ाई का सोच के कइलन. एह बिहारी नेता के बयान अकसरहाँ भाजपा का खिलाफे होखेला. पहिले नीतीश के चमचई क के जदयू में शामिल होखे के सोचत रहलें त नीतीश बाबू भाजपा से हाथ मिला लिहलें. ओकरा बाद इनकर आस्था लालू प्रसाद यादव में झलके लागल. अब जब चारा घोटाला मामिला में लालू फेरु जेलवासी बन गइलन त लागल बा लवटि के बुद्धु घरे आइल सोचत बाड़न. बाकिर का भाजपा नेतृत्व अइसनका साँप के अपना आस्तीन में पोसे के गलती करी ?
अबहीं अतने. दिन भर के खबर लेके फेरु राति में आएब. टटका खबर सुने पढ़े ला रउरा के धन्यवाद देत बानी.
80 total views, 1 views today