Archives for January 2018
राष्ट्रीय जनता दल के बोलतुआ रहल डॉ अशोक सिन्हा मंगल का दिने लालू प्रसाद यादव के बेटा आ नेता विपक्ष के काम करे का तरीका पर नाराजगी जतावत पार्टी से इस्तीफा दे दिहलन आ कहलन कि तेजस्वी जइसन नौसिखिउन का नीचे काम कइल राजद के बड़का नेता लोग के मंजूर नइखे. बॉलीवुड के सुपर स्टार
प्रभारी जिला पंचायत राज अधिकारी निलम्बित महाराजगंज के प्रभारी जिला पंचायत राज अधिकारी मनोज कुमार त्यागी के आपन विभागीय जिम्म्दारी ठीक से ना निबहला का चलते तत्काल प्रभाव से निलम्बित क दीहल गइल बा. गोरखपुर के सौगात मिलल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना गोरखपुर दौरा के दुसरका दिने आजु भटहट में 81 करोड़ रुपिया के पांच
पिछला लोकसभा चुनाव से ऐन पहिले भाजपा से गठबन्हन कइला के फायदा भासपा के ओमप्रकाश राजभर के खूब भइल. उनुका मिलल आठ गो सीट में से चार गो प उनुकर गोल जीत गइल. ना त ओकरा पहिले पता ना कव बेर चुनाव लड़ला का बावजूद उनुका विधानसभा के दर्शन दुलम रहत रहुवे. उनकर बेटा हालांकि
यौगी सरकार केहू का आँवक में नइखे आवे वाली यूपी के चिकित्सा स्वास्थ्य मंत्री सिद्घार्थ नाथ सिंह अपने गठबन्हन के साथी आ अपना बराबरी के मंत्री ओम प्रकाश राजभर के आरोपन के जवाब देत कहलन कि योगी आदित्यनाथ के सरकार केहू के आँवक में नइखे आवे वाली. ओम प्रकाश राजभर ढेर दिन से रहि रहि
आजु संसद के दुनु सदनन के संयुक्त बइठक के संबोधित करत राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द जी कहनी कि मुसलमान औरतन पर होखत अत्याचार रोके खातिर बनावल तीन तलाक विधेयक के सगरी गोल समर्थल करसु. साथ ही देश में सगरी चुनाव एके साथ करावहूं पर आपसी सहमति बनावे के चाहीं. अलग अलग चुनाव होखला का चलते देश
इलाहाबाद में बोलावल राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ के संगठन विद्या भारती के शिविर के संबोधित करत यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी कहनी कि यूपी के सगरी साठो हजार ग्रामपंचायतन में औरतन के बढ़न्ती करावे वाली योजनन के लागू करावल जाई. कहनी कि लड़िका आ लड़िकी में भेदभाव परिवारे से शुरु होला आ एही से समाज
अगर रउरा अपना माई बोली से लगाव बा आ रउरा एकरा ला कुछ कइल चाहत बानी त टटका खबर पर राउर स्वागत बा. आजुए लॉगिन करीं आ अपना निजी जानकारी का आधार पर (कवनो अखबार, वेबसाइट भा सोशल मीडिया ग्रुप से मिलल जानकारी मान्य ना होखी.) खबर पोस्ट कइल शुरु क दीं. लॉगिन करत घरी
समय का सोझा केहू के ना चले. कांग्रेस के गुमान रहुवे कि ऊ देश के सरकार चलावे वाली पार्टी हीय आ सरकार में रहे भा विपक्ष में ओकरा के खास मान मिलते रही. बाकिर अबकी गणतंत्र जिवस के मौका पर ओकर ई गुमान टूट गइल. 69वां गणतंत्र दिवस मनावत देश देखल कि कांग्रेस अध्यक्ष राहुल
आजु गणतंत्र दिवस का मौका पर केरल के पलक्कड़ जिला में भारतीय विद्या निकेतन के एगो स्कूल में पर राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के संघचालक मोहन भागवत तिरंगा फहरवलें. वइसे त हर साल 15 अगस्त आ 26 जनवरी का दिने संघचालक जहँवे रहेलें तहँवे तिरंगा फहरावेलें आ एहमें कवनो खास बाति ना होखे के चाहीं. बाकिर
संजय लीला भंसाली के फिलिम पद्मावत के खिलाफ राजपूत संगठनन के विरोध आजु आपन बहुते खराब चेहरा देखा दिहलसि जब हरियाणा में एगो स्कूल बस से लवटत छोटहन बचवन के बवालियन के छोटपना झेले हड़ गइल. विरोध करे के एह तरीका के राजपूती आन आ शान का खिलाफ माने के पड़ी काहें कि राजपूत कबो
हालही में टीवी शो बिग बॉस पर अपना फिलिम अय्यारी के प्रौमोशन करे मनोज बाजपेई आ रकुल प्रीत सिंह का साथे आइल सिद्धार्थ भोजपुरी भाषा का खिलाफ एगो बेहूदा आ अपमानजनक बाति कह गइलें. एह पर आपन नाराजगी जतावत भाजपा के दिल्ली प्रदेश अध्यक्ष आ भोजपुरी मेगास्टार आ सांसद मनोज तिवारी अभिनेता सिद्धार्थ मल्होत्रा का
पहिला बेर मनल उत्तर प्रदेश स्थापना दिवस उप राष्ट्रपति वेंकैया नायडू आजु लखनऊ में उत्तर प्रदेश स्थापना दिवस आ एह मौका पर आयोजित लखनऊ महोत्सवो के उद्घाटन कइलन. एह मौका पर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेशवासियन के करोड़ों रुपिया के कई गो परियोजनन के एलान करत कहलन कि ई यूपी खातिर गौरव के दिन बा. जाने
बाला साहेब ठाकरे के जन्मदिन पर अपना के कट्टर हिंदूवादी कहे बतावे वाली शिव सेना भाजपा गठबन्हन से अलगा होखे के फैसला कर लिहलसि। अब बाला साहेब के पोता आ उद्धव ठाकरे के बेटा आदित्य ठाकरे का हिसाब से चल करी शिवसेना आ लोकसभा अउर विधान सभा के चुनाव अकेले लड़ी। एह फैसला का बावजूद
गुजरात के मुख्यमंत्री रहल आनन्दीबेन पटेल के आजु मध्यप्रदेश के राज्यपाल पद के किरिया धरा दीहल गइल. किरिया धराई ओहिजा के हाई कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश न्यायमूर्ति हेमन्त गुप्ता करवलन. समारोह राजभवन में आयोजित रहल. एह मौका पर लोकसभा स्पीकर सुमित्रा महाजन आ प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान मौजूद रहलन. सितम्बर 2016 में पिछला
पीएम मोदी आजु स्वीट्जरलैण्ड का दावोस में होखत वर्ल्ड एकॉनॉमिक फोरम के सालाना बइठक में मुख्य संबोधन देत बतवलन कि डेमोक्रेसी, डेमोग्राफी आ डाइनामिज्म का सहारे आपन डेवलेपमेंट के ड्रीम पूरा करत अपना लोग के डेस्टिनी बनावे का राह पर चल निकलल बा. लाल फीताशाही का जगहा अप लाल कालीन बिछावल स्वागत करत बा भारत.
विश्व आर्थिक मंच के सालाना सभा के संबोधित करे दावोस चहुँपल पीएम मोदी काल्हु दिनभर अनेके बइठकन में शामिल हो के देश के हित पोढ़ करे वाला विचार विमर्श कइलन. स्विट्जरलैण्ड के दावोस में आजु ऊ वर्ल्ड एकॉनामिक फोरम के 48 वाँ सालाना जलसा के संबोधित करीहें. देश से कवनो प्रधान मंत्री कई युग का
पीएम मोदी के सपना कि देश में सगरी चुनाव एके साथे करा लीहल जाव, अबहीं पूरा होखे वाला नइखे. देश के मुख्य चनाव आयुक्त रहि चुकल टीएस कृषणमीर्ति के कहना बा कि कतनो कोशिश क लीहल जव बाकिर लोकसभा का साथे देश के हर विधानसभा के चुनाव साल 2024 का पहिले संभव नइखे.
लमहर समय से नीमन नीमन बाल साहित्य रचत आवत भोजपुरी हिन्दी के अनन्य साधक भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के आजु उत्तर प्रदेश हिंदी संस्थान का तरफ से दू लाख रुपिया नगद पुरस्कार का साथे बाल साहित्य भारती सम्मान से मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ का हाथ से सम्मानित कइल गइल ह. भोजपुरी में सबसे पहिल वेबसाइट अँजोरिया
प्रयागराज में होखत माघ मेला में विहिप का संत समागम में चहुँपल यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि मुख्यमंत्री बन गइला का बावजूद उनुका में कवनो बदलाव नइखे आइल, बस कुछ जिम्मेदारी अउर बढ़ गइल बा. संतन से योगी के आग्रह रहे कि सरकार से कुछ कहला मंगला के जरुरत नइखे काहे कि अब
My government's only agenda for Budget is development: PM Modi to Zee Newshttps://t.co/FEq60TyZHx#ModionZee pic.twitter.com/nqhh62YBTx — Zee News (@ZeeNews) January 19, 2018 एह साल 2018 में पहिला बेर कवनो टीवी चैनल के दीहल इन्टरव्यू में पीएम मोदी हिन्दी टीवी चैनल जीन्यूज पर आपन बाति देश का सोझा रखलन. एह इन्टरव्यू में बहुते कुछ मसलन के चरचा
Older Posts››