web analytics

टटका खबर, अतवार, 31 दिसम्बर 2017

मशहूर अभिनेता आ तमिल सुपरस्टार रजनीकांत आपन अहजह खतम करत बरीस का आखिरी दिने एलान कइए दिहलन कि ऊ आपन राजनीतीक गोल बनइहें आ तमिलनाडु विधानसभा के सगरी सीट प आपन उमेदवार लड़इहें. उनुका एह एलान का बाद भाजपा में खुसुरपुसुर शुरु हो गइल बा कि उनुका गोल से हाथ मिला के तमिलनाडु में भाजपा आपन ठाँव बनावे के कोशिश करो. देश के एह बड़हन राज्य में लोकले गोलन के राजनीति चलेले आ कांग्रेस भा भाजपा के एहिजा कवनो जोर देखे जोग ना रहे.

भारत के पुलिस सेवा में बड़हन अधिकारी ओम प्रकाश सिंह उत्तर प्रदेश के नयका पुलिस महानिदेशक बनीहें. अबहीं ऊ केन्द्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल में तैनात बाड़न. मौजूदा आईजी सुलखान सिंह आजु रिटाटर हो गइलन.

असम में राष्ट्रीय नागरिक रजिस्टर के पहिलका मसौदा प्रकाशित हो गइल बा. एहनें घुसपैठियन के नाम काटे का काम में करीब जचास हजार लोग के लगावल गइल रहुवे जे घरे घरे जा के हर आदमी के नागरिकता मालूम करे के काम कइलसि. कवनो तरह के बवाल काबू करे ला प्रशासन सगरी इन्तजाम क के रखले बावे.

अतवार का भिनसारे जम्मू-कश्मीर के पुलवामा जिला में सीआरपीएफ कैम्प प भइल फिदायिन हमला में पाँच गो जवान शहीद हो गइलें. जबाबी कार्रवाई में दू गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल. पाकिस्‍तान के इस्लामी आतंकी संगठन जैश-ए-मोहम्‍मद एह हमला के जिम्‍मेदारी सकरले बावे.

बरीस 2017 के अपना आखिरी मन के बात कहत पीएम मोदी नवहियन के गोहार करत कहलन कि देश के जाति, सम्प्रदाय, आतंकवाद अउऱ भ्रष्टाचार के ज़हर से आजाद करावत एगो नया भारत बनावे में जुटो लोग. कहलन कि शांति आ सद्भावना हमनी के प्रेरक शक्ति बने के चाहीं.

अफगानिस्तान के जलालाबाद शहर में जिला गवर्नर रहल अधीकारी के दफनावो का दौरान भइल फिदायीन हमला में 15 लोग मारल गइलें आ करीब एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.

पांच बार विश्व चैंपियन रहल भारत के ग्रैंडमास्टर विश्वनाथन आनंद दू दिन पहिले वर्ल्ड रैपिड शतरंज चैंपियनिशप खिताब जीतला का बाद आपन मजगर खेल जारी राखत विश्व ब्लिट्ज चैंपियनिशप में कांस्य पदक जीत में सफल रहलन.

यूपी के आजमगढ़ जिला में भइल चंदौली के एगो नवही सिपाही के खून के मामिला का खुलासा करत पुलिस 24 घंटा का भितरे ओकरा माशुका समेत छह जने के गिरफ्तार क लिहलसि.

बिहार युपी में अतवारो का दिने गलन भरल पाला के जोर बनल रहल. घन कुहासा का चलते जमीन से लिहले आसमान तकले आवाजाही में बाधा पड़ल जारी रहल.

यूपी के देवरिया जिला के बरहज इलाका के करुअना गाँव में अन्तरजिला लुटेरा गिरोह के चार गो बमाशन के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि. ओहनी का लगे से सड़सठ हजार रुपियो बरामद भइल बा.

यूपी के भदोही के शहर कोतवाली इलाका में सुरियावां रोड प अयोध्यापुरी का नियरा पुरान तालाब प कइल आसाराम बापू आश्रम के अतिक्रमण अतवार का दिने हटा दिहलसि प्रशासन.

यूपी के बस्ती जिला के दुबौलिया इलाका में पारा गांव का नियरा पिछला 28 दिसम्बर के भइल नाव हादसा का बाद नापाता चार जने के अबहीं ले कुछ पता नइखे चलल. ना त लाश मिलल बा ना कवनो खबर.

 101 total views,  1 views today

%d bloggers like this: