Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

टटका खबर, मंगल, 2 जनवरी 2018


देश में चुनाव लड़े वाला गोल के चंदा देबे वाला लोग, फर्भ, संस्था भा कंपनी अब स्टेट बैंक के निर्धारित शाखा से एक हजार से ले के एक करोड़ रुपिया तक के बॉण्ड खरीद के ओह गोल के दे सकीहें. चंदा पावे वाला आ देबे वाला अपना अपना खाता में एकर जिक्र करीहें बाकिर ई जानकारी सार्वजनिक ना कइल जाई. एकरा बावजूद राजनीतिक गोलन का लगे आजादी बा कि ऊ कैश में मिलल बेपनाहो धन के खुचरा में मिलल चंदा बता सकीहें. संसद में एह बारे में जानकारी दिहला का बाद केन्द्र सरकार एह बाबत अधिसूचना जारी क दिहलसि.


राष्‍ट्रीय चिकित्‍सा आयोग विधेयक-2017 का खिलाफ डॉक्टरन के संगठन आईएमए मंगल का दिने देशभर में आपन बारह घंटा के बंद रखलसि बाकिर एही बीच संसद एह विधेयक के स्थायी समिति का लगे भेज दिहलसि. स्थायी समिति अब एक महीना का भितरे बजट सत्र से पहिले आपन सुझाव संसद में पेश क दी.

संसद के दुनु सदन से दिवाला आ ऋण शोधन अक्षमता कोड (संशोधन) विधेयक, 2017 पारित हो गइल बा. लेकसभा से पारित हो के राज्‍यसभा में पेश भइल एह विधेयक के राज्योसभा से पारित करा लीहल गइल. महाराष्ट्र सरकार ने पुणे जिले में भीमा कोरेगांव लड़ाई की दो सौवीं वर्षगांठ समारोह के दौरान हुई हिंसा की न्यायिक जांच के आदेश दिए हैं।

महाराष्ट्र में हिन्दुवन का बीचे कलह पसारे का योजना के धार देबे ला देशद्रोहियन का तरफ से ब्रिटिश सेना के पेशवा प जीत के जश्न मनावे का कोशिश का बाद मचल बवाल का बाद महाराष्ट्र के बड़हन इलाका में कर्फ्यू जइसन हालात बन गइल बा. मुख्यमंत्री देवेन्द्र फडणवीस एह घटना के जाँत उच्च न्यायालय के मौजूदा न्यायाधीश से करावे के एलान कइले बाड़ें. देशद्रोहियन के साजिश बा कि दलितन के बाकि हिन्दू समाज से अलगा क के देश के टुकी टुकी काटे के अपन मनसूबा सफल करा लेसु. इहे गोल गुजरात में कांग्रेस का साथे रहुवे आ अब महाराष्ट्र में आग लगावे के कोशिश हो रहल बा.

बांग्लादेश के एगो अदालत से 2015 में सरकार विरोधी आंदोलन का दौरान एगो बस पर बम से हमला करे का मामिला में ओहिजा के प्रधानमंत्री रह चुकल खालिदा जिया के गिरफ्तारी के आदेश जारी भइल बा. एह हमला में आठ लोग के जान गइल रहे.

भारत आ दक्षिण अफ्रीका का बीचे होखे वाला तीन क्रिकेट टेस्ट मैचन के श्रृंखला के शुरुआत पांच जनवरी का दिने केपटाउन टेस्ट से होखे जा रहल बा.

यूपी सरकार अपना महत्वाकांक्षी पूर्वांचल एक्सप्रेस-वे परियोजना के पूरा करावे ला नया सिरा से निर्माणकर्ता चुने के फैसला कइले बिया.

बिहार के बदनाम चारा घोटाला के दोषी लालू प्रसाद आ उनुका साथे दोषी करार 16 लोग के सजा के एलान काल्हु बुध का दिने होखे वाला बा. एह बीच एही घोटोला के एगो अउर मामिला में पटना के सीबीआई विशेष अदालत लालू प्रसाद यादव का खिलाफ पेशी वारंट जारी कइले बिया.

सारण जिला के अलग-अलग दू गे थाना इलाका में पुलिस छापामारी क के मोटरसाइकिल चोर गिरोह के नौ गो अपराधियन के गिरफ्तार क लिहलसि. यूपी के आजमोगढ़ में पुलिस अन्तरजिला वाहन चोर गिरोह के सरगना एगो वकील समेत 14 सदस्यन के गिरफ्तार क लिहलसि आ ओहनी का कब्जा से चोरी कइल एगो कार आ 56 गो मोटरसाइकिल बरामद कइलसि. वाराणसी पुलिसो एगो वाहन चोर गिरोह के दू गो सदस्यन के गिरफ्तार क के चोरी कइल दू गो मोटरसाइकिल बरामद क लिहलसि.

गाजीपुर के जंगीपुर इलाका में भइल सड़क हादसा में अपना मरद संगे मोटरसाइकिस से जात एगो औरत के मौत हो गइल. बाइक चलावत मरद साफे बाच गइल बा. गाजीएपुर का शहर कोतवाली इलाका के अतरौली गाएं का लगे एगो नवही के लाश फेंड़ प लटकल मिलल बा बाकिर ऊ कवनो दोसरा जगहा के ह काहें कि ओकरा के चिन्हल ना सकल बा.

मिर्जापुर के चुनार इलाका में नया साल के जश्न मना के लवटत नवहियन के नाव पलट गइला से एगो नवही के डूब के मौत हो गइल. बाकी लोग के मल्लाह बचा लिहलें.

गोण्डा के देहात कोतवाली इलाका में बलात्कार के एगो आरोपी के लाश लटकत मिलला से सनसनी फइल गइल बा. पुलिस अब एह बात के जाँच करत बिया कि ई खुकुशी ह कि हत्या.

यूपी में हवाई सेवा के अउरी विकसित करे ला सेन्ट्रल एयरपोर्ट अथारिटी राज्य सरकार से बिना दाम लिहले जमीन देबे के कहले बिया.

सरकारी पोर्टल पर आपन जानकारी ना देबे वाला यूपी के करीब अढ़ाई हजार मदरसन के पहिले जाँच करावल जाई आ ओकरा बाद गड़बड़ी मिलला प दोषी लोगन प कार्रवाई कइत जाई. काहें कि जानकारी उहे मदरसा ना दिहले होई जवना में गड़बड़ी कइल गइल होखी.

मारीशस के उप प्रधानमंत्री हरीश बुधु के पत्नी सरिता बुधु मंगल का दिने आजमगढ़ के हरिहरपुर आइल रहली जहाँ उनुका स्वागत में सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन हरिहरपुर घराना का ओर से कइल गइल.

कैमूर जिला के रहवइया आ बलिया में जल निगम के निर्माण खंड में तैनात जूनियर इंजीनियर दीपक पाल शायद कवनो घरेलू कारण से जहर खा के जान दे दिहलन. जहर खइला का बाद ऊ अपना सहकर्मी के मोबाइल प एह बाति के जानकारी दिहलन. उनुका के आनन फानन में जिला अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ से बनारस रेफर क दीहल गइल. बनारस जाए का राहे में गाजीपुर का लगे उनुकर मौत हो गइल.

Tags: , , , , , , , , , , , ,

%d bloggers like this: