web analytics

बसपा वाली बहिना बीचे में चुनाव के बाति कहली

सोमार का दिने बसपा वाली बहिना कुमारी मायावती अनेसा कहीं भा आशा जतवली कि पीएम मोदी लोकसभा चुनाव समय से पहिलहीं करा सकेलें. आ अपना लोगन के एहला तइयार रहे के कहली. उनुका हिसाब से कांग्रेस आ भाजपा दूनू मौसेरा भाई हउवें आ दूनू दलितन के खिलाफ रहेलें. ऊ एह बाति के साफे अनदेखी क दिहली कि पिछला बेरा उनुका गोल के एकहू सीट ना मिल पावल रहुवे आ दलितो बहुमत वाला सीटन प भाजपे के बेसी जीत मिलल रहुवे. ओतना बड़हन हार का बावजूद बसपा वाली बहिना जनता के राय ना देखत अपना हार के जिम्मा ईवीएम मशीन पर डाल दिहली. अब एह सोच का साथ ऊ अगिलो बेर कवन पहाड़ तूड़ लीहें ईहो देखिए ली लोग.

 97 total views,  1 views today

%d bloggers like this: