web analytics

मुसलमानन के फायदा चहुँपावे का मकसद से हज सबसिडी बन्द कइलसि केन्द्र सरकार

तीन तलाक के गैरकानूनी अपराध बनवला का बाद एगो अउर बड़हन फैसला में केन्द्र सरकार हज पर दीहल जाए वाला सबसिडी के एही साल से बन्द क दिहलसि. सरकार एकरा के सुप्रीम कोर्ट के एगो फैसला का चलते एह तरह के फैसला लेबे के कारण बतवले बिया.

एह साल देश से हज करे जाए वालन के कोटा पहिले का मुकाबले पाँच हजार अधिका क दीहल गइल बा. एह साल पौने दू लाख लोग हज करे जाए वाला बा. अल्पसंख्यक मामिलात के मंत्री मुख्तार अब्बास नकवी एह बात के जानकारी आजु मंगल का दिने दीहलन.

सरकार के कहना बा कि हज सबसिडी के फायदा गरीब मुसलमानन के ना मिलत रहुवे. अब एहसे जवन धन बाची तवना के मुसलमान लईकियन का पढ़ाई पर खरचे के बाति कहत बिया सरकार. ओकर कहना बा कि मुसलमानन के मिले वाला फायदा पहिले से अधिका हो गइल बा.

 55 total views,  1 views today

%d bloggers like this: