web analytics

हिन्दू नेता के लागत बा अपना जान प खतरा

विश्व हिन्दू परिषद के नेता प्रवीण तोगड़िया के अपना जान प खतरा लउकत बा आ ऊ देश के हिन्दूवादी सरकारन से आपन जान बचावे के जुगाड़ गगावत जलत बाड़ें. सोमार का दिने करीब बारह घंता लापता रहला का बाद उनुकर पता तब चलल जब उनुका के केहू बेहोशी का हालत में अस्पताल में भरती करा गइल. अस्पताल के कहना बा कि के भरती करावल से निइखे मालूम बाकिर ऊनकर शूगर लेवल बहुते गिर गइल रहुवे आ ऊ बेहोशी का हातत में रहलें.
बाद में अपना प बीतल रो रो के सुनावत प्रवीण तोगड़िया कहलन कि सबेरे उनुका के गिरफ्तार करे ला राजस्थान क् पुलिस आइल रहुवे. एह अनेसा से कि उनकर इनकाउन्टर करावल जा सकेला ऊ खुदे गाटब हो गइलन. बीसन बरीस पुरान केसन के खोज खोज के निकातल बाड़ी सँ भाजपा वाली राट्य सरकार आ एहमें गुजरात आ राजस्थान के सरकार आगे बाड़ी सँ.
तोगड़िया के कहना बा कि उनकर आवाज दबावे के कोशिश हो रहल बा बाकिर ऊ हिन्दुवन ला आपन काम करत रहीहें, कहलन कि उनुका लगे किताब आ भगवान के नाम का अलावे कवनो देसर संपति नइखे.
अतरज के बाति बा कि डॉ प्रवीण तोगड़िया के जेड कटेगरी के सुरक्षा हासिल बा आ एकरा बावजूद ऊ अपना के सुरक्षित नइखन समुझत. असल में उनुकर मनभेद भाजपा के मौजूदा नेतवन से जगजाहिर बा आ शायद एही चलते उनुका के चुप करावे के कोशिश कइल जा रहल बा.

 72 total views,  1 views today

%d bloggers like this: