
नोएडा आ लखनऊ का बाद अब कानपुर, आगरा आ मेरठो में चली मेट्रो
January 19, 2018
यूपी के तीन गो अउर महानगरन – कानपुर, आगरा अउर मेरठ – में मेट्रो सेवा शुरु कइल जाई. एकर फैसला बियफे का दिने भइल यूपी कैबिनेट का मीटिंग में लीहल गइल बा. ई काम साल 2024 ले पूरा करा लीहल जाई. तीनों शहरन में मेट्रो रेल के दू दू गो कारीडोर होखी. कानपुर आ आगरा मेट्रो तीस तीस किलोमीटर के दूरी नापी त मेरठ मेट्रो तैंतीस किलोमीटर के. एह तीनो मेट्रो के बनवावे में करीब चउवालिस हजार करोड़ रुपिया के खरचा आई.
कैबिनेट में इहो फैसला भइल कि कसाईघर शहर का बहरा बनावल जइहें सँ आ शहर का इलाका में गंदगी फइलावे वाला ई काम ना होखी.