My government's only agenda for Budget is development: PM Modi to Zee Newshttps://t.co/FEq60TyZHx#ModionZee pic.twitter.com/nqhh62YBTx
— Zee News (@ZeeNews) January 19, 2018
एह साल 2018 में पहिला बेर कवनो टीवी चैनल के दीहल इन्टरव्यू में पीएम मोदी हिन्दी टीवी चैनल जीन्यूज पर आपन बाति देश का सोझा रखलन. एह इन्टरव्यू में बहुते कुछ मसलन के चरचा सामने आइल आ हर बाति के जबाब पीएम साफगोई से दिहलन. कहलन कि साल 2014 में ढेर दिन बाद बहुमत वाली सरकार बनला का बाद से दुनिया के ध्यान भारत पर आ गइल बा. सभे चाव से सुनत बा आ जाने चाहत बा कि तेजी से आगा बढ़त आ बड़हन जनसंख्या वाला देश का चाहत बा, का करे जात बा. आ एही चलते दुनिया के आर्थिक ताकत के सबले बड़का मंच वर्ल्ड एकोनोमिक फोरम के संबोधित करे के मौका मिलल बा देश के. 23 जनवरी का दिने पीएम मौदी दावोस सम्मेलन के संबोधित करीहें.
एगो सवाल के जबाब में पीएम मोदी के कहना रहे कि 2014 से पहिले कहात रहे कि मोदी के जानकारिए कतना बा आ दुनिया में इनका के जानते के बा. से जब देश सेवा के मौका मिलल त ऊ सगरी दुनिया में आपन मीत बना लिहलन. आजु दुनिया के धुरी बदले लागल बा आ भारत एकरा केन्द्र मे आ गइल बा.
देश का विकास का बारे में बतियावत पीएम मोदी के कहना रहल कि करोड़ों परिवार जलॉनधन योजना का सहारे बैंकिंग से जुड़ गइल बा. लाखों परिवार अब रसोई गैस के इस्तेमाल करत बा. लाखों लईकियन के पढ़ाई के राह सुगम हो गइल बा स्कूलन में शौचालय बन गइला का बाद, लाखों घर एलईडी के रोशनी के फायदा उठावत बा. काग्रेसी राज में केन्द्र सरकार राज्य सरकारन के बाति ना सुनत रहुवे से हमनी का जीएसटी के विरोध करत रहीं. आजु केन्द्र सरकार सही मायने में संघीय व्यवस्था का हिसाब से चलत बिया आ राज्य सरकारो सभ केन्द्र का साथे मिल के चलत बाड़ें. एही चलते जीएसटी ले आवल संभव हो पावल,
इन्टरव्यू का दौरान पीएम मोदी कहलें कि अगर लोकसभा आ विधानसभन के चुनाव फेरु एक साथे होखे लागे त करोड़ों के खरचा बाची आ विकास के काम में तेजी आ पाई. अबहीं हर छठे छमाहे कहीं ना कहीं चुनाव होखत रहला से कई बेर विकास के काम में बाधा आ जाले आ एह बाधा के दूर कइल जरुरी हो गइल बा.
एह इन्टरव्यू के पूरा से सुने ला जीन्यूज के पन्ना पर जाईं.
105 total views, 1 views today