web analytics

भोजपुरी पट्टी से शुक, 19 जनवरी 2018 के कुछ समाचार

प्रयागराज में होखत माघ मेला में विहिप का संत समागम में चहुँपल यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि मुख्यमंत्री बन गइला का बावजूद उनुका में कवनो बदलाव नइखे आइल, बस कुछ जिम्मेदारी अउर बढ़ गइल बा. संतन से योगी के आग्रह रहे कि सरकार से कुछ कहला मंगला के जरुरत नइखे काहे कि अब बिना कहले मँगले सगरी काम करावल जा रहल बा. कहलन कि साफ साफ नइखीं बता सकत बाकिर अतने जान लीं रउरा सभे के मनसा जल्दिए पूरा होखे वाला बा. एह मौका पर योगी आदित्यनाथ कहनी कि कुछ ताकत हिन्दुवन के तूड़े बाँटे में लागल बाड़ी सँ आ जानबूझि के जाति के जहर समाज में फइलावल जा रहल बा. एकरा से निपटल अब जरुरी हो गइल बा.
सुने में आवत रहे कि एह सम्मेलन में विहिप के कार्यकारी अध्यक्ष प्रवीण तोगड़िया शामिल होखीहें बाकिर ऊ अइलन ना. तोगड़िया विवाद से विहिप आ संघ आपन पल्ला झाड़ लिहले बाड़ें.

बिहार के बौद्ध पर्यटक स्थल बोधगया में विश्व धरोहर महाबोधि मंदिर परिसर से शुक का दिने समय रहते बम बरामद क लीहल गइस. एक बार बम विस्फोट करा चुकल आतंकियन के कोशिश रहल होखी कि फेरु बोधगया में दहशत पसारल जाव. बौद्ध धर्मगुरु दलाई लामा एह घरी एहिजे आइन बाड़न.

पीएम मोदी शनिचर का दिने अपना संसदीय क्षेत्र वाराणसी के नवहियन के संबोधीत करे आवा वाला बाड़न. एहिजा महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ में भाजपा अध्यक्ष अमित शाह आ यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ का मौजीदगी में प्रधानमंत्री इलाका के 17000 नवहियन के भाजपा ला चुनावी तइयारी करे के तौर तरीका सिखइहें. कांग्रेस एह मौका प पीएम का खिलाफ प्रदर्शन करे के योजना बनवले बिया.

पश्चिम चंपारण जिला के कालीबाग इलाका के झिमरी टोला में बनत एगो मकान का शौचालय टंकी से पांच बरीस के एगो बच्चा के लाश बरामद भइल बा.

पश्चिम चंपारण जिला के बेतिया मंडल कारा में बंद एगो विचाराधीन कैदी साठी इलाका के बौद्ध टोला के निवासी 80 बरीस के बूढ़ नथुनी साह के बीमारी का चलते मौत हो गइल.

मऊ के शहर कोतवाली इलाका से वाहन चोर गिरोह के दू गो गुर्गन के गिरफ्तार करत पुलिस ओहनी के कब्जा से सात गो चोरावल कार बरामद कइले बिया.

मऊ के मोहम्मदाबाद गोहना कोतवाली इलाका में शुक का सबेरे भइल सड़क हादसा में मोटरसाइकिल प पीछे बइठ के जात एगो मेहरारु के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें.

गोरखपुर जनपद में पीपीगंज नाम से एगो नया विकास खण्ड बनावे के अधिसूचना जारी हो गइल बा.

गोरखपुर के गगहा इलाका के एगो आलू व्यवसायी मुनीम के गोली मारके करीब पौने दू लाख रुपिया लूट के फरार हो गइल बाड़े सँ.

जौनपुर में 22 जनवरी का दिने वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय के दीक्षान्त समारोह के अध्यक्षता राज्यपाल राम नाईक करब आ मुख्य अतिथि होखब पद्म भूषण प्रो0 श्रीकृष्ण जोशी.

जौनपुर के महराजगंज इलाका से चार गो गाड़ी चोरन के गिरफ्तार करत पुलिस ओहनी का कब्जा से तीन गो चोरावल मोटरसाइकिल आ असलहा बरामद कइलसि.

केन्द्रीय भूतल परिवहन मंत्री नितिन गडकरी 25 जनवरी कै देवरिया आवे वाला बाड़न आ जनता के उमेद बा कि ऊ एहिता विकास के कवनो योजना शुरु करे के एलान जरुरे करीहें.

रोहतास जिला के डेहरी नगर इलाका के सखरा गांव में दिशा मैदान ला निकलल रविदास मंदिर के पुजारी के गोली मारके हत्या कर दिहले सँ अपराधी.

बलिया के सिकन्दरपुर इलाका में शुक का सबेरे भइल सड़क दुर्घटना में चकिया गाँव के एगो मोटरसाइकिल नवही के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें.

 133 total views,  1 views today

%d bloggers like this: