web analytics

भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के मिलल बाल साहित्य भारती सम्मान

लमहर समय से नीमन नीमन बाल साहित्य रचत आवत भोजपुरी हिन्दी के अनन्य साधक भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के आजु उत्तर प्रदेश हिंदी संस्थान का तरफ से दू लाख रुपिया नगद पुरस्कार का साथे बाल साहित्य भारती सम्मान से मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ का हाथ से सम्मानित कइल गइल ह.

भोजपुरी में सबसे पहिल वेबसाइट अँजोरिया का शुरुआते से द्विवेदी जी के रचना अँजोर करत रहे के सौभाग्य रहल बा हमनी के आ आजु भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के मिलल एह सम्मान से पूरा भोजपुरी जगत अपना के सम्मानित महसूस करत बा. द्विवेदी जी के एह उपलब्धि पर उहाँ के कोटिश बधाई अउर शुभकामना ।

भगवती बाबू भोजपुरी का साथही हिन्दिओ के वरिष्ठ साहित्यकार हईं.

 201 total views,  2 views today

%d bloggers like this: