web analytics

दावोस में पीएम मोदी

विश्व आर्थिक मंच के सालाना सभा के संबोधित करे दावोस चहुँपल पीएम मोदी काल्हु दिनभर अनेके बइठकन में शामिल हो के देश के हित पोढ़ करे वाला विचार विमर्श कइलन. स्विट्जरलैण्ड के दावोस में आजु ऊ वर्ल्ड एकॉनामिक फोरम के 48 वाँ सालाना जलसा के संबोधित करीहें. देश से कवनो प्रधान मंत्री कई युग का बाद एह मंच में शामिल होखे आइल बाड़ें. एहसे पहिले देवेगौडा आइल रहलें बाकिर उनुकर मकसद अपना परिवार का साथे सैर सपाटा कइल अधिका रहुवे देश के आर्थिक चिंता कम.
सोमार का दिने पीएम मोदी स्विट्जरलैण्ड के राष्ट्रपति एलेन बर्सेट से भेंट कइलें आ दुनु देश के आपसी संबंध पोढ़ करे प बतियवलें.
दुनिया भर से जुटल उद्योगपतियन का साथे बइठक कररत पीएमम मोदी भारत के वाकास गाथा सुनवलें आ कहलें कि भारत व्यापार व्यवसाय पर पूरा जोर दे रहल बा आ दुनिया भर से उद्योग व्यवसायन ला एगो मजगर देश बन गइल बा. एह अवसर से दुनिया के उद्योग नीकहा फायदा ले सकेलें.

 88 total views,  1 views today

%d bloggers like this: