web analytics

मध्यप्रदेश के राज्यपाल हो गइली आनन्दीबेन

गुजरात के मुख्यमंत्री रहल आनन्दीबेन पटेल के आजु मध्यप्रदेश के राज्यपाल पद के किरिया धरा दीहल गइल. किरिया धराई ओहिजा के हाई कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश न्यायमूर्ति हेमन्त गुप्ता करवलन. समारोह राजभवन में आयोजित रहल.
एह मौका पर लोकसभा स्पीकर सुमित्रा महाजन आ प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान मौजूद रहलन.
सितम्बर 2016 में पिछला राज्यपाल रामनरेश यादव के रिटायर भइला का बाद से एहिजा के राज्यपाल के काम गुजराते के राज्यपाल ओम प्रकाश कोहली का जिम्मे अतगा से रहुवे.

 79 total views,  1 views today

%d bloggers like this: