आजु गणतंत्र दिवस का मौका पर केरल के पलक्कड़ जिला में भारतीय विद्या निकेतन के एगो स्कूल में पर राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के संघचालक मोहन भागवत तिरंगा फहरवलें. वइसे त हर साल 15 अगस्त आ 26 जनवरी का दिने संघचालक जहँवे रहेलें तहँवे तिरंगा फहरावेलें आ एहमें कवनो खास बाति ना होखे के चाहीं. बाकिर केरल में बँवारा गोलबन्दी वाला सरकार के ई मंजूर ना होखे कि ओकरा मर्जी का खिलाफ केहू कतहऊं तिरंगा फहरा लेव. पिछला 15 अगस्त का दिने केरले के एगो सरकारी स्कूल में संघचालक के हाथ से झंडा फहरवला खातिर स्कूल प्रबंधन प कार्रवाई कइले रहुवे केरल सरकार.
अब फेरू केरल सरकार एह प कार्रवाई करे के जुगत खोजे में लागल बिया काहें कि ओकर हुकुम रहल कि कवनो शिक्षा संस्थान भा सरकारी कार्यालत पर ओह संस्था के प्रमुख छोड़ केहू दोसर झंडा ना फहराई. केरल के ई स्कूल संघ के आनुसांगिक संगठन भारतीय विद्या निकेतन चलावेला आ ओकरा सरकार से कवनो तरह के अनुदान भा सहायता ना मिले.
संघचालक मोहल भागवत संघ के तीन दिन के एगो शिविर में शामिल होखे केरल आइल रहनी आ एहसे ओहिजा झंडा फहरावल एगो सहज बाति माने के चाहीं आ बँवारा गोलबन्दी के सरकार कवनो ओछ हरकत मत करे एकर उमेद राखल गलत ना होखे के चाहीं.
94 total views, 1 views today