web analytics

टटका खबर, बुध 31 जनवरी 2018 के सबेरे ले

राष्ट्रीय जनता दल के बोलतुआ रहल डॉ अशोक सिन्हा मंगल का दिने लालू प्रसाद यादव के बेटा आ नेता विपक्ष के काम करे का तरीका पर नाराजगी जतावत पार्टी से इस्तीफा दे दिहलन आ कहलन कि तेजस्वी जइसन नौसिखिउन का नीचे काम कइल राजद के बड़का नेता लोग के मंजूर नइखे.

बॉलीवुड के सुपर स्टार शाहरुख खान के एगो फार्म हाउस के बेनामी बतावत इन्कम टैक्स विभाग ओकरा के जब्त क लिहले बिया. कंपनी के कहना बा कि ओकरा सवालन के जवाब ना मिलला का बाद ई कार्रवाई भइल बा आ अब 90 दिन का भीतर एकर जवाब दे सकीहें शाहरुख खान.

जमीन ना मिलला का चलते बिहार सरकार जल विद्युत निगम के तीन गो परियोजना बंद करे के फैसला लिहले बिया. पश्चिम चंपारण जिला के कटनैया, सुपौल के निर्मली आ अररिया के बथनाहा में एह परियोजनन के तय कइल रहुवे.

बिहार सरकार राष्ट्रीय राजमार्गन पर हादसा में पड़ल लोग का एक फोन पर एंबुलेंस सुविधा देबे के इन्तजाम करी. एह ट्रॉमा एंबुलेंसन में उनसठ तरह के दवाई आ मरहम पट्टी के सामान मौजूद रहल करी. साथही राष्ट्रीय उच्चपथन का किनारे करीब पाँच दर्जन जगहन पर स्वास्थ्य केन्द्र बनाई जहवाँ हादसा पीड़ित मरीजन के इलाज होखल करी.

बिहार से टीबी के बीमारी खतम करे का मकसद ला बिहार सरकार कवनो कोर कसर बाकी नइखे छोड़े वाली. टीबी के मरीजन के फोकट में दवाई दिहला का साथही बढ़िया खुराक खातिर पाँच सौ रुपिया हर महीना दीहल जाई. टीबी कै इताज करे वाला निजी डॉक्टरो लोग के हर मरीज देखला खातिर एक सौ रुपिया के भुगतान दीहल जाई.

यूपी सरकार का तरफ से एलान भइल बा कि अब सेना आ केन्द्रीय सुरक्षा बल के शहीद जवानन का आश्रितन के अनुकंपा का आधार पर सरकारी नौकरी दीहल जाई.

मंगल का साँझे पश्चिम चंपारण जिला के कुख्यात लकड़ी तस्कर शेख मुस्तफा के कुछ बदमाश सहोदरा इलाका के परसौनी गांव में गोली मारके हत्या कर दिहले.

कुशीनगर के पटहेरवा के थानेदार के लाइन हाजिर करा दीहल गइल बा काहें कि ऊ अपना जिलाधिकारी का खिलाफ जनरल डायरी में तस्करा दर्ज कइले रहलें.

कुशीनगर के कसया इलाका में मंगल का साँझे भइल सड़क हादसा में कार से जात दू लोग के मौत हो गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के नगर इलाका में पिछला दिने भइल दी लाख रुपिया लूट वाला तूटेरा के गिरफ्तार कर लिहले बिया पुलिस.

 113 total views,  1 views today

%d bloggers like this: