Month: January 2018

आआपा के बीस गो विधायकन के विधायकी गइल

शुक का दिने चुनाव आयोग दिल्ली के सरकार चलावत आआपा गोल के बीस गो विधायकन के विधायकी रद करे जोग मान लिहलसि आ राष्ट्रपति का लगे आपन अनुशंसा भेज दिहलसि.…

सुप्रीम कोर्ट के फैसला राजपूत समाज के निराश कइलसि

सुप्रीम कोर्ट अपना एगो फैसला से मध्य प्रदेश, हरियाणा, राजस्थान, गुजरात सगरी राज्यन के निर्देश दे दिहलसि कि पद्मावत फिलिम का रिलीज पर कवनो तरह के पाबन्दी मत लगावल जाय.…

बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा प्रवेश पत्र आ कुछ अउर खबर

बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा प्रवेश पत्र आजु शुक का दिने से बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के वेबसाईट पर मिलल शुरु हो जाई. बोर्ड के वेबसाईट bsebbihar.com हवे. एहिजा से…

नोएडा आ लखनऊ का बाद अब कानपुर, आगरा आ मेरठो में चली मेट्रो

यूपी के तीन गो अउर महानगरन – कानपुर, आगरा अउर मेरठ – में मेट्रो सेवा शुरु कइल जाई. एकर फैसला बियफे का दिने भइल यूपी कैबिनेट का मीटिंग में लीहल…

मुसलमानन के फायदा चहुँपावे का मकसद से हज सबसिडी बन्द कइलसि केन्द्र सरकार

तीन तलाक के गैरकानूनी अपराध बनवला का बाद एगो अउर बड़हन फैसला में केन्द्र सरकार हज पर दीहल जाए वाला सबसिडी के एही साल से बन्द क दिहलसि. सरकार एकरा…

फरियाइल नइखे अदालत के रार

सुप्रीम कोर्ट का चार गो जज अपना लायक भा अपना पसन्द वाला केस ना मिल पवला का चलते पिछला हफ्ता प्रेस कांफ्रेंस क के बखेड़ा कर दिहले रहुवन. बँवारा गिरोह…

हिन्दू नेता के लागत बा अपना जान प खतरा

विश्व हिन्दू परिषद के नेता प्रवीण तोगड़िया के अपना जान प खतरा लउकत बा आ ऊ देश के हिन्दूवादी सरकारन से आपन जान बचावे के जुगाड़ गगावत जलत बाड़ें. सोमार…

बसपा वाली बहिना बीचे में चुनाव के बाति कहली

सोमार का दिने बसपा वाली बहिना कुमारी मायावती अनेसा कहीं भा आशा जतवली कि पीएम मोदी लोकसभा चुनाव समय से पहिलहीं करा सकेलें. आ अपना लोगन के एहला तइयार रहे…

सेर प तीन सेर

पाकिस्तानी सेना के मिजाज ठिकाने लगावे में लागल भारत के सेना सोमार का दिने ओकर भुरकुच निकालत एगो मेजर समेत सात गो पाकिस्तानी सैनिकन के ठिकाने लगा दिहलसि. पिछलका सरकार…

टटका खबर, शुक, 12 जनवरी 2018

मशहूर हिन्दी साहित्यकार प्रो0 दूधनाथ सिंह के निधन 82 बरीस का उमिर में बियफे का देर रात इलाहाबाद के एगो अस्पताल में हो गइल. प्रो0 दूधनाथ सिंह पिछला दू बरीस…

टटका खबर पर बियफे 11 जनवरी 2018 के कुछ खास खबर

वाराणसी में बियफे का दिने देश के प्रधानमंत्री रहल लाल बहादुर शास्त्री के पुण्यतिथि पर अनेके कार्यक्रम आयोजित कइल गइल. एगो समारोह उनुका पैतृक निवास रामनगर में आयोजित भइल. राज्यपाल…

बुध, 10 जनवरी 2018 के खास खास खबर

राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद एक दिन का दौरा प बियफे का दिने बिहार आएब. राष्ट्रपति एहिजा राजगीर में नालंदा विश्वविद्यालय, सीएसआरएस, इंडिया फाउंडेशन अउर विदेश मंत्रालय का ओर से आयोजित तीन…

टटका खबर, सोमार, 8 जनवरी 2018

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अपना राजनीतिक जीवन में ईमानदारी आ स्वच्छता बरते खातिर जम्मू कश्मीर सरकार का तरफ से ओकर पहिलका मुफ्ती मोहम्मद सईद पुरस्कार से सम्मानित कइल…

टटका खबर, शनिचर, 6 जलवरी 2018

सीबीआई के विशेष अदालत शनिचर का दिने रांची में राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद के चारा घोटाला से जुड़ल एगो मामिला में साढ़े तीन बरीस के जेल आ दस लाख रुपिया…

चारा घोटाला के दुसरको केस में लालू के मिलल जेल आ जुर्माना

27 बरीस पहिले का बिहार में – जब झारखण्ड अलगा ना भइल रहुवे – भइल चारा घोटावा में चारा चोर का नामम से मशहूर हो गइल लालू प्रसाद के आजु…

टटका खबर, शुक, 5 जनवरी 2018

मध्यप्रदेश का इंदौर शहर के कनाड़िया इलाका के बिचौली मर्दाना बाईपास पर शुक का दिने एगो नामी प्राईवेट स्कूल के बस के जोरदार टक्कर सामने से आवत एगो च्रक से…

टटका खबर, बियफे, 4 जनवरी 2018

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे का दिने आजमगढ़ जिले के सठियांव ब्लॉक का किसान सहकारी मिल के मैदान में आसवनी आ एथेनॉल प्लांट समेत पांच सौ बावन करोड़ रुपिया…

टटका खबर, सोमार, 1 जनवरी 2018

अमरीका के राष्ट्रपति डॉनल्ड ट्रंप पाकिस्‍तान का खिलाफ कड़ा रूख अपनावत ओकरा के झूठा आ फरेबी बतवले बाड़ें. नया साल का पहिलके दिने पाकिस्तान के अउरी सहायता करे से मना…