Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

Archives for February 2018

तीन बरीस में 40 लाख नवहियन के रोजगार मिली यूपी में : योगी

लखनऊ, 21 फरवरी (वार्ता). राजधानी लखनऊ में आजु से शुरू दू दिन के ‘इन्वेस्टर्स समिट’ में दुनिया के खासमखास कारोबारी हस्तियन का मौजूदगी से उत्साहित मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि समिट से यूपी में निवेश बढ़ी आ राज्य के 40 लाख नवहियन के रोजगार मिले के मौका बनी. योगी जी कहनी कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

हार देखत ईवीएम जाप शुरू कइलसि त्रिपुरा में माकपा

अगरतला 21 फरवरी (वार्ता) मार्क्सवादी कम्युनिस्ट पार्टी चुनाव आयोग से शिकायत करत कहले बिया कि त्रिपुरा में 18 फरवरी के भइल विधानसभा चुनाव का दौरान ईवीएम में बार-बार खराबी आवे के जांच करावल जाय. माकपा गोल के कहना बा कि 13 गो विधानसभा इलाकन में पीवीपैट पर्ची आ ईवीएम में दर्ज मतदाता संख्या के ध्यान

विधायक रहल पूजा पाल के निकाल दिहलसि बसपा

इलाहाबाद,21 फरवरी (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी अपना विधायक रहल पूजा पाल प अनुशासनहीनता बरते के आरोप लगावत अपना गोल से निकाल दिहलसि. बसपा के इलाहाबाद-मिर्जापुर मंडल के जोनल कोआर्डिनेटर अशोक कुमार गौतम आजु बतवलन कि शहर पश्चिमी विधानसभा से दू बेर विधायक रहल पूजा पाल बसपा कार्यकर्तन के अनदेखी करत रहली आ अपना इलाका प

निजी विवि से घरे बइठल डिग्री

पटना 21 फरवरी (वार्ता) बिहार के राजधानी पटना में कईएक निजी संस्थानों का जरिए मेडिकल, इंजीनियरिंग समेत कई तरह के कोर्सेज के फर्जी डिग्रियन के गोरखधंधा के भंडाफोड़ भइल बा. पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि पटना के खाजपुरा के रॉयल इंस्‍टीच्‍यूट में छापेमारी का बाद देश के कई निजी विश्‍वविद्यालयन से जुड़ल डिग्री देबे के

आआपा विधायक जरवाल गिरफ्तार

नयी दिल्ली, 21 फरवरी (वार्ता). दिल्ली के मुख्य सचिव अंशू प्रकाश का साथे भइल बदसलूकी के मामिला में आआपा विधायक प्रकाश जरवाल के अंबेडकर नगर में उनुका आवास से गिरफ्तार क लीहल गइल बा. आआपा बोलतुआ सौरभ भारद्वाजो अपना ट्वीट से एह विधायक के गिरफ्तारी के पुष्टि कइले बाड़न. लिखले बाड़न कि दिल्ली पुलिस बिना

पीएनबी घोटाला में जीएम रैंक के अधिकारी गिरफ्तार

नयी दिल्ली, 21 फरवरी (वार्ता) केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) काल्हु देर रात पंजाब नेशनल बैंक घोटाला मामिला में बैंक के महाप्रबंधक रैंक के एगो अधिकारी के गिरफ्तार क लिहलसि. सीबीआई सूत्र बतवलें कि राजेश जिंदल नाम के एगो बैंक अधिकारी के गिरफ्तार कइल गइल बा. जिंदल अगस्त 2009 से 2011 का बीच पीएनबी के ब्रैडी

आयकर विभाग के संयुक्त आयुक्त छेड़खानी का आरोप में गिरफ्तार

पटना, 21 फरवरी (वार्ता). आयकर विभाग के संयुक्त आयुक्त राम बाबू गुप्ता के सिक्कम के एगो मेडिकल छात्रा संगे छेड़खानी करे का आरोप में आजु तड़के गिरफ्तार क लिहल गइल. पुलिस बतावत बिया कि पटना पुलिस के विशेष टीम आजु तड़के करीब तीन बजे एकलव्य सुपर-50 के दीघा स्थित हॉस्टल से उनुका के गिरफ्तार क

पटना विवि के त केन्द्रीय दर्जा दिलवा ना पवलें अब जापान से का ले आ पइहें

पटना, 21 फरवरी (वार्ता). बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जापान यात्रा पर तंज कसत कहले बादड़न कि जे देश के सबले पुरान विश्वविद्यालयन में शामिल पटना विश्वविद्यालय के केन्द्रीय विश्वविद्यालय के दर्जा ना दिलवा सकत ऊ नाकाम मुख्यमंत्री जापान से कवन निवेश लेके अइहें. तेजस्वी यादव ट्वीट कइले बाड़न

रोटोमैक घोटाला में कोठारी का बाद अब बैंक अधिकारियन के नंबर

कानपुर, 21 फरवरी (वार्ता) कानपुर के रोटोमैक कंपनी मालिक विक्रम कोठारी पर शिकंजा कसला का बाद सीबीआई आ ईडी के टीम अब कुछ बैंक अधिकारियन पर शिकंजा कसे खातिर ओह लोग से पूछताछ शुरु क सकेलें. सुने में आव बा कि एह बैंक अधिकारियन के पूछताछ खातिर सीबीआई आ ईडी के टीम जल्दिए बोलहटा भेजी.

फोटो वायरल भइला से दुखी लड़िकी इनार में कूद के जान दिहलसि

बलिया 21 फरवरी (वार्ता). बलिया जिला के उभांव क्षेत्र के एगो लड़िकी इनार में कूद के जान दे दिहलसि काहें कि ओकर एगो बदनाम करे वाला फोटो सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल बा. पुलिस के कहना बा कि शेखपुर गाँन के ललिता चौहान (20) के लाश गाँव के एगो इनार में मिलला के खबर

Older Posts››