web analytics

जौनपुर में जान लिहले सँ

एक तरफ योगी सरकार गुण्डा बदमाशन के सफाया करे में लागल बिया त दोसरा तरफ गुण्डा बदमाशो आपन कारस्तानी देखावे से बाज नइखन आवत सँ. अतवार का दिने जौनपुर जिला के सरैयाँ गोँव के प्रधान रह चुकल अधेड़ संजय मौर्या के भरल दुपहरिया में उनुका खेते पर गोली मार दिहले सँ. ओह बेरा ऊ अपना पंपिंग सेट से पटवन करावत रहलें. उनुकर मौत अस्पताल ले जाए का राहे में हो गइल. उनुका साथे बइठल उनुकर दोस्त के कुछ ना भइल.
एगो दोसरा घटना में जौनपुरे जिला के बख्शा इलाका के लखौवाँ गाँव के प्यारे लाल यादव के गोली मार के जान ले लीहल गइल. ओह बेरा ऊ बाजार में सब्जी कीनत रहलें. एगो नवही आ के कुछ देर ले उनुका से कुछ बतियवलसि आ फेरु अचके में पिस्तौल निकाल के उनुका के गोली मार दिहलसि. एकरा बाद आराम से पिस्तौल लहरावत निकल भागल.

 63 total views,  1 views today

%d bloggers like this: