आर्केस्ट्रा में गोली चलला का बाद एगो नवही के मौत
February 19, 2018
छपरा 19 फरवरी (वार्ता) बिहार के सारण जिला के दिघवारा थाना क्षेत्र में शादी समारोह का दौरान आर्केस्ट्रा में फरमाईशी गीत गववला ले के भइल बतकही बढ़ि के गोलीबारी में बदलि गइल आ गोली लगला से एगो नवही के मौत हो गइल.
पुलिस सूत्र से मिलल जानकारी में बा कि कोरिया गांव के शंकर प्रसाद का घरे बारात आइल रहुवे. बारातियन के स्वागत खातिर आर्केस्ट्रा के इल्तेजान रहल आ ओही में फरमाईशी गाना ले के दू गो गोल अपने में भिड़ गइलें. एह में भइल फायरिंग से रजनीश प्रसाद के 25 बरीस के बेटा जितेन्द्र कुमार घवाहिल हो गइलन. उनुका के हाजीपुर सदर अस्पताल में भर्ती करावल रहे बाकिर आजु सबेरे उनुकर मौत हो गउवे.
अनजान अनाम अपराधियन का खिलाफ केस दर्ज क के पुलिस मामिला के तफतीश करत बिया. लाश पोस्टमार्टम ला भेजा गइल बा.