गोण्डा 19 फरवरी (वार्ता ) यूपी के गोण्डा जिला के नवाबगंज इलाका में बैजलपुर में एगो फेंड़ पर एगो औरत आ ओकर आठ बरीस के बेटी के लाश फेंड़ प लटकल मिलल. औरत के नइहर वालन के कहना बा कि ओकर खून कइल गइल बा.
पुलिस वालन के कहना बा कि मरल औरत आरती के बाप सोमनाथ तहरीर दिहले बाड़न कि सम्पति का लालच में ओकर ससुराल वाला सब आरती आ ओकरा बेटी निति के जान मार दिहलें आ लाश फेंड़ प लटका दिहलें. आरती के मरद मुम्बई में रोजगार करेलन.
लाश पोस्टमार्टम ला भेज दीहल गइल बा आ आरती के जेठानी आ जाउत के हिरासत में लेके पुलिस पूछताछ करत बिया.
343 total views, 5 views today