web analytics

गोरखपुर में सांसद पासवान आ 28 जने अउरी प मुकदमा

गोरखपुर 19 फरवरी (वार्ता) गोरखपुर कैन्ट थाना इलाका में जमीनी झगड़ा का चलते भाजपा सांसद कमलेश पासवान आ 28 जने अउरी लोगन प मुकदमा दर्ज कइल गइल बा.

पुलिस सूत्रन के कहना बा कि राजघाट क्षेत्र के बनकटी चक निवासी असदउल्लाह वारसी मुकदमा लिखवले बाड़न कि बांसगांव सीट से सांसद श्री पासवान रूस्तमपुर, नहर रोड के एगो प्लाट पर बनल चहारदीवारी गिरावे के साजिश में शामिल रहलन. सांसद का अलावे आठ जने नामजद आ 20 गो अनाम लोगो का खिलाफ मुकदमा लिखवले बाड़न.

काल्हु असदउल्लाह वारसी 100 नम्बर पर पुलिस के फोन क के बतवलें रहलें कि सांसद कमलेश पासवान अपना आदमियन का साथे आ दे उनुका प्लाट को चहरदीवारी गिरावत बाड़ें. खबर मिलता पुलिस चहुँपल बाकिर तबले ई लोग फरार हो गउवे.

पूरा घटना सीसीटीवी कैमरे में कैद बा आ ओकरे फुटेज का आधार पर छानबीन कइल जा रहल बा. गोरखपुर के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक सत्यार्थ अर्जुन के कहना बूा कि फुटेज देखि के साफ लागल बा कि असलहा का बल प चहारदीवारी गिरावल गइल बा.इहो कहनल कि एक दिन पहिले सासंद ओही जमीन का मामिला में पैरवी करे अइल रहलन.

भाजपा सांसद कमलेश पासवान के कहना बा कि रूस्तमपुर प्लाट से उनुकर कवनो वास्ता नइखे आ उनुकर एगो परिचित ओह जनीन के सौदा कइले बा. ओह जमीन प काम करवला के खबर सुनि के ऊ काम रोकवावे खातिर वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक से सिफारिश करे गइल रहलन. ओकरा बाद का भइल से उनुका मालूम नइखे.

 18 total views,  4 views today

%d bloggers like this: