देवरिया, 19 फरवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला के रूद्रपुर इलाका में मोटरसाइकिलन के टक्कर में दू गो नवहियन के मौत हो गइल आ तीन गो घवाहिल हो गइलें.
बतावल जात बा कि रूद्रपुर कस्बा के दीपक मद्धेशिया, अजय सोनकर आ सूरज पाण्डेय मोटरसाइकिल से कहीं जात रहलें जब शहन कोट का नियरा ओह लोग के मोटरसाइकिल सामने से आवत दोसर मोटरसाइकिल से टकरा गइल.
एह हादसा में पांचो लोग घाहिल हो गइल आ पाँचो जने के अस्पताल में भरती करा दीहल गइल. बाद में इलात का दौरान एहमें से दीपक मद्धेशिया आ अजय सोनकर के मौत हो गइल.
318 total views, 2 views today