सिवान 19 फरवरी (वार्ता) बिहार में सिवान जिला के बसंतपुर इलाका में आजु दिनदहाड़े पेट्रोल पंप के एगो कर्मचारी से तीन लाख 40 हजार रुपिया लूट लीहल गइल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि सिसई मोड़ से कुछ दूर आज्ञा गांव का नियरा दू गो मोटरसाकिल प सवार तीन गो अपराधी हथियार के डर देखा के पेट्रोल पंप के कर्मचारी भूषण से तीन लाख 40 हजार रुपिया लूट लिहलें. भूषण ई रुपिया ले के मोटरसाइकिल से भारतीय स्टेट बैंक के बसंतपुर शाखा में जमा करावे जात रहुवे.
अब भूषण का बयान पर केस दर्ज क के अपराधियन के गिरफ्तार करे खातीर छापेमारी करत बिया पुलिस.
350 total views, 5 views today